[the_ad_group id="30365"]

World Cup 2023: Shubman Gill के अस्‍पताल से मिलल छुट्टी बाकिर कम ना भइल टीम इंडिया के चिंता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम के ओपनर शुभमन गिल के डेंगू के चपेट में अइला के बाद चेन्‍नई में अस्‍पताल में भर्ती करावल गइल रहे। जानकारी के मोताबिक गिल के प्‍लेटलेट एक लाख से नीचे आ गइल रहे, जवना के बाद उनका के अस्‍पताल में भर्ती करावल गइल रहे। भारतीय फैंस खातिर खुशखबरी बा कि शुभमन गिल के अस्‍पताल से छुट्टी मिल गइल बा।

हालांकि, भारतीय टीम के चिंता अभी खत्‍म नइखे भइल। शुभमन गिल के 14 अक्‍टूबर के चिर-प्रतिद्वंद्वी पाकिस्‍तान के खिलाफ मैच खेलल मुश्किल बा। बीसीसीआई पहिलही जानकारी दे चुकल बा कि भारतीय टीम के बुध के अफगानिस्‍तान के खिलाफ होखे वाला मुकाबला में शुभमन गिल हिस्‍सा ना लिहें।

बीसीसीआई के एगो सूत्र आपन नाम सामने ना अइला के शर्त पs पीटीआई से कहलें, ”शुभमन गिल के पिछला कुछ दिनन से चेन्‍नई के टीम होटल में ड्रिप चढ़त रहे। हालांकि, उनकर प्लेटलेट्स गिरके 70,000 पहुंच गइल रहे। डेंगू के मरीज lr प्‍ लेटलेटस एक लाख के नीचे गइला पs एहतियात बरते खातिर अस्‍पताल में भर्ती करावल जात बा। गिल के अस्‍पताल में भर्ती कइल गइल आ अतवार के उनकर सब टेस्‍ट भइल। सोमार के सांझ गिल के अस्‍पताल से छुट्टी मिल गइल।”

कवना अस्‍पताल में भर्ती रहलें शुभमन गिल

ई जानकारी मिलल बा कि शुभमन गिल के चेन्‍नई के जानल-मानल मल्‍टी-केयर स्‍पेशलिटी अस्‍पताल कावेरी में भर्ती कइल गइल रहे। भारतीय टीम के डॉक्‍टर रिजवान उनकर प्रगति देखे खातिर संगही रुकल रहे। पाकिस्‍तान के खिलाफ हाई वोल्‍टेज मैच में करीब 96 घंटे बचे हैं। मगर भारतीय टीम प्रबंधन के लिए गिल के स्‍वास महत्‍वपूर्ण बा। एकरा धेयान में रखत आगे कवननो फैसला लिहल जाई।

रोहित शर्मा का कहले रहस 

बता दीं कि डेंगू के कारण देह में बहुते कमजोरी आवेला आ शारीरिक रूप से ठीक होने में कुछ समय लागेला। वर्ल्‍ड कप जइसन बड़े टूर्नामेंट में गिल के लेके अइसन में कवनो जोखिम उठावल पसंद ना करेम। भारतीय कप्‍तान रोहित शर्मा पहिलही कह चुकल बाड़ें कि उनकर प्राथमिकता ई देखे के बा कि गिल अब आउर बेमार ना पड़स।

हs, शुभमन गिल बेमार बाड़ें। हम उनका खातिर महसूस कs रहल बानी। बाकिर पहिले इंसान होखला के नाते, हम चाहत बानी कि ऊ पहिले ठीक हो जाई। हम ऊ कप्‍तान ना हई, जे सोचे कि गिल के बिहान खेले के होई। हम चाहत बानी कि ऊ ठीक हो जास। काहेकि ऊ नवहा बाड़ें। उनकर देह फिट बा तs जल्‍दी रिकवरी के उम्‍मीद कइल जा सकत बा।

किशन संभरले रहले जिम्‍मेदारी

शुभमन गिल डेंगू के कारण ऑस्‍ट्रेलिया के खिलाफ पहिला मैच में ना खेल सकल रहस। उनका जगह ईशान किशन रोहित शर्मा के संगे पारी के सुरुआत कइले रहस। ई दुनो बल्‍लेबाज फ्लॉप रहलें आ बिना खाता खोलले पवेलियन लवटल रहस। भारतीय फैंस आ अधिकारी मना रहल बा लो कि शुभमन गिल जल्दी से जल्दी ठीक हो जास।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]