[the_ad_group id="30365"]

भारत चउथा बेर जीतलस एशियन चैंपियंस ट्रॉफी के खिताब: हॉकी के फाइनल में 2 गोल से पिछड़ला के बाद मलेशिया के 4-3 से हरवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत एशियन चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट के ट्रॉफी पs कब्जा जमा लेले बा। भारत चेन्नई में खेलले गइल फाइनल मुकाबला में मलेशिया के 4-3 से हरा के मुकाबला जीतलस।

भारत रिकॉर्ड चउथा बेर ट्रॉफी जीतलस। एही के संगे भारत सबसे जादेत बेर एशियन चैंपियंस ट्रॉफी जीते वाला देस बन गइल बा।

भारत के ओर से जुगराज सिंह 9वां मिनट, हरमनप्रीत सिंह 45वां मिनट, गुरजंत सिह 45वां मिनट आ आकाशदीप सिंह 56वां मिनट में गोल दगलें।

मलेशिया के ओर से अजराई अबू कमाल 14वां मिनट, रहीम रजी 18वां मिनट आ मुहम्मद अमीनुदीन 28वां मिनट में गोल दगलें।

अइसे आइल गोल

  • पहिला गोल भारत के जुगराज सिंह कइलें। 9वां मिनट में जुगराज पेनल्टी काॅर्नर के फायदा उठावत ड्रैग फ्लिक शॉट खेललें आ गोल दगलें।
  • भारत के बाद मलेशिया गोल दाग देलस। 14वां मिनट में अज़ुआन हसन दाईं ओर से सर्कल में अइलें, आ फील्ड गोल दाग देलें।
  • 18वां मिनट में मलेशिया पेनल्टी काॅर्नर के उपयोग कइलें आ रहीम रजी अपना ड्रैग फ्लिक से नेट के टॉप पs गोल दाग देलें।
  • मलेशिया तीसरा गोल पेनल्टी कॉर्नर से दगलस। 28वां मिनट में मुहम्मद अमीनुदीन गेना नेट के टॉप पs ड्रैगफ्लिक कइलें।
  • भारत के कप्तान हरमनप्रीत सिंह ने पेनल्टी स्ट्रोक से गोल दागा।
  • गुरजंत सिंह गोलपोस्ट के ओर सानदार शॉट मरलें आ भारत के मैच के पहिला फील्ड गोल मिलल।
  • मनदीप सिंह सानदार पास देलें आ सबसे महत्वपूर्ण समय पs आकाशदीप सिंह स्कोर कइलें आ फील्ड गोल कs के भारत के बढ़त दिलवलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]