[the_ad_group id="30365"]

India Pakistan War: ड्रोन अटैक नाकाम होखले से बौखलाइल पाकिस्तान, इंडियन आर्मी दे रहल बा मुंहतोड़ जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत पाकिस्तान युद्ध : पहलगाम आतंकी हमला के जवाब में भारत पाकिस्तान में आतंकी अड्डा पs ऑपरेशन सिंदूर शुरू कs के तबाही मचवले बा। भारत के हमला से बौखलाईल पाकिस्तान सेना लगातार एलओसी पs गोलीबारी करतिया। पाकिस्तान बुध के रात अवुरी बियफ़ें के मिसाइल, ड्रोन अवुरी लड़ाकू विमान से भारत के दर्जनों शहर के निशाना बनवलस, बाकिर भारतीय सेना अधिकांश हमला के नाकाम कs देलस। पाकिस्तान के दर्जनों मिसाइल आ ड्रोन, जवना में 3 गो लड़ाकू विमान भी शामिल बा, हवा के बीच में नष्ट हो गईल। अब भारतीय सेना भी पाकिस्तान के शहरन में तबाही मचा रहल बिया। एकरा से पूरा दुनिया में हलचल मच गईल बा। एही बीच जम्मू-जैसलमेर में फेर से ब्लैकआउट हो गइल बा.

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह के आजु एगो बड़हन बइठक भइल. इs बैठक रक्षा मंत्रालय में भईल जवना में रक्षा प्रमुख यानी सीडीएस जनरल अनिल चौहान भी मौजूद रहले| एह बइठक में तीनों सशस्त्र बल के मुखिया लोग भी मौजूद रहे जवना में वर्तमान स्थिति पs चर्चा भइल। भविष्य के रणनीति का होई एह पs भी चर्चा भईल|

चंडीगढ़ में फेरु सायरन बजल

पंजाब आ हरियाणा के राजधानी चंडीगढ़ में एक बेर फेरु सायरन बाज गइल बा. पिछला 5 मिनट से शहर में लगातार सायरन बाजत बा।

उमर अब्दुल्ला के काफिला उधमपुर होते जम्मू खातीर रवाना

जम्मू-कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला के काफिला उधमपुर होत जम्मू खातिर रवाना भइल. काल्हु रात जम्मू शहर आ संभाग के दोसरो हिस्सा पs पाकिस्तानी ड्रोन से भइल असफल हमला के बाद मुख्यमंत्री जम्मू जात बाड़न आ हालात के जायजा लेबे जात बाड़न. वीडियो उधमपुर के हs।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]