Chhap Pustak Mahotav 2025 : साहित्य कला फाउंडेशन के वार्षिक पुस्तक महोत्सव ‘छाप’ 17 आ 18 के

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2025

जमशेदपुर। साहित्य, कला आ संस्कृति खातिर समर्पित ‘साहित्य कला फाउंडेशन’ के वार्षिक पुस्तक महोत्सव ‘छाप’ के दूसरा संस्करण के आयोजन एह साल जमशेदपुर के बिष्टुपुर में होई। एह दू दिवसीय कार्यक्रम के आयोजन होटल एल्कोर

Share

जमशेदपुर। साहित्य, कला आ संस्कृति खातिर समर्पित ‘साहित्य कला फाउंडेशन’ के वार्षिक पुस्तक महोत्सव ‘छाप’ के दूसरा संस्करण के आयोजन एह साल जमशेदपुर के बिष्टुपुर में होई। एह दू दिवसीय कार्यक्रम के आयोजन होटल एल्कोर में 17 आ 18 नवंबर के होई। झारखंड के अपना पुस्तक महोत्सव के एह संस्करण में हिंदी, अंग्रेजी, भोजपुरी, मैथिली, ओड़िया आ जनजातीय भाषा के पुस्तकन पs चरचा के सत्र आयोजित कइल जाई।

महोत्सव के उ‌द्घाटन सत्र 17 नवंबर (सोमार) के सबेरे 10:30 बजे आरंभ होई। सत्र के मुख्य अतिथि राज्यसभा सांसद डॉ. महुआ माजी होइहें। विशिष्ट अतिथि ख्यातिलब्ध गीतकार बुद्धिनाथ मिश्र होइहें। जेएनयू के भारतीय भाषा केंद्र के प्रो. (डॉ.) गरिमा श्रीवास्तव आ डॉ. विजय शर्मा (जमशेदपुर) कार्यक्रम में भाग लिही लोग।

आयोजन कमेटी के ओर से बतावल गइल बा कि एह दु दिवसीय आयोजन में डॉ. पुरुषोत्तम अग्रवाल (हिंदी), प्रो. रामदेव शुक्ल (भोजपुरी), डॉ. बीना ठाकुर (मैथिली), डॉ. गौरहरि दास (ओड़िया), डॉ. कुंदन यादव, अनिमेष मुखर्जी, विमल चंद्र पांडेय, डॉ. मुन्ना कुमार पांडेय, उपासना, सत्यार्थ अनिरुद्ध पंकज (सभे हिंदी), जेरी पिंटो (अंग्रेजी), प‌द्मश्री जानुम सिंह सोय, भुजंग टुडू (जनजातीय भाषा) सहित आउर राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय स्तर के विद्वान पुस्तक केंद्रित चरचा करी लोग। एकरा संगही ऊ अलग-अलग सत्रन में नवहन के बेहतर पाठक बने खातिर प्रेरित करी लोग। एह दौरान सांस्कृतिक कार्यक्रम आ फिल्म प्रदर्शित के जाई।

कार्यक्रम में शहर आ आसपास के क्षेत्र से आमंत्रित अलग-अलग कॉलेजन के शिक्षक- शिक्षिका छात्र-छात्रा, साहित्यकार, पुस्तक प्रेमी आ गणमान्य लोग सामिल होई। आयोजक लोग बतावल कि कार्यक्रम के लेके सग तइयारी लगभग पूरा कs लिहल गइल बा। देस के अलग-अलग हिस्सन से आमंत्रित विद्वान आ अतिथियन के अतवार से नगर आगमन सुरू हो जाई। उल्लेख करे जोग बा कि पिछिला साल 2024 में ‘छाप’ के पहिला संस्करण के आयोजन कइल गइल रहे। ई आयोजन सरायकेला-खरसावां जिला प्रशासन के सहजोग से आदित्यपुर इस्थित ऑटो कलस्टर में कइल गइल रहे।

Read Also: 16 नवंबर 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.