[the_ad_group id="30365"]

IND W vs SA W: Smriti Mandhana रच देली इतिहास, आखिरी वनडे में लगवली रिकॉर्ड्स के झड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IND W vs SA W: साउथ अफ्रीका महिला क्रिकेट टीम के खिलाफ स्‍मृति मंधाना शतक से चूक गइली। उऽ 108.43 के स्‍ट्राइक रेट से 83 गेंदन पs 90 रन के पारी खेलली। एही दौरान भारतीय खिलाड़ी 11 चौके लगवली। एकरा साथही स्‍मृति इतिहास रच देली। उऽ तीन वनडे मैचन के सीरीज में सबसे बेसी रन बनावे वाली भारतीय बल्‍लेबाज (महिला) बन गइल बाड़ी। वनडे सीरीज में मंधाना 342 रन बनवली।

भारतीय महिला क्रिकेट टीम साउथ अफ्रीका महिला क्रिकेट टीम के 6 विकेट से हरा के 3 मैचन के वनडे सीरीज अपना नांवे कइलस। भारत के जीत के हीरो स्‍मृति मंधाना रहली। मंधाना भलही सीरीज में अपना तीसरका शतक से चूक गइली, बाकिर ओकरा बादो उऽ इतिहास रच देली। मंधाना 108.43 के स्‍ट्राइक रेट से 83 गेंदन पs 90 रन के पारी खेलली। एही दौरान भारतीय खिलाड़ी 11 चौके लगवली।

स्‍मृति रच देली इतिहास

एकरा साथही स्‍मृति इतिहास रच देली। उऽ तीन वनडे मैचन के सीरीज में सबसे बेसी रन बनावे वाली भारतीय बल्‍लेबाज (महिला) बन गइल बाड़ी। वनडे सीरीज में मंधाना 342 रन बनवली। सीरीज के पहिले वनडे में स्‍मृति 127 गेंदन पs 117 रन के पारी खेलले रही। एकरा बाद दूसरका वनडे में उऽ 120 गेंदन पs 136 रन मार देले रही। अपना एह पारी में उऽ 18 चौका आ 2 छाकाऽ लगवले रही।

  • स्मृति बनाम दक्षिण अफ्रीका, 2024- 342 रनज
  • या शर्मा बनाम न्यूजीलैंड, 2003- 309 रन
  • मिताली राज बनाम ऑस्ट्रेलिया, 2004- 289 रन
  • मिताली राज बनाम इंग्लैंड, 2010- 287 रन
  • पूनम राउत बनाम दक्षिण अफ्रीका, 2021- 263 रन

एगो आउर प्रसिद्धि अपना नांवे कइली

मंधाना भलही शतकन के हैट्रिक से चूक गइली बाकिर उऽ एगो आउर प्रसिद्धि अपना नांवे कऽ लेले बाड़ी। मंधाना अब वनडे में दूसरका सबसे बेसी रन बनावे वाली भारतीय बल्‍लेबाज बन गइल  बाड़ी। उऽ अबहीं ले खेलल 85 वनडे के 85 पारियन में 45.37 के औसत से 3585 रन बनवले बाड़ी। एही दौरान उऽ 7 चौका लगवले बाड़ी। एह लिस्‍ट में टॉप पs मिताली राज बाड़ी। पूर्व भारतीय कप्‍तान 232 मैच के 211 पारियन में 50.68 के औसत से 7805 रन बनवले रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]