[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA के फाइनल मैच रद्द होखला के बाद दर्शकन खातिर खुशखबरी, KSCA लेल बड़ फसीला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

19 जून 2022 के बड़ संख्या में लोग चेन्नई के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम में भारत (India) आ साउथ अफ्रीका (South Africa) के बीच फाइनल मुकाबला देखे पहुंचल रहे। बाकिर बारिश के वजह से मैच में खलल पड़ गइल आ हजारों दर्शक निराश हो गइले, जे उहां मैच देखे गइल रहे। ओहिजा, टीवी पs करोड़न लोगन के अरमान धइले रह गइल। दरअसल, भारत आ साउथ अफ्रीका के बीचे 5वां आ निर्णायक मुकाबला बारिश के कारण रोक दिहल गइल। ई मैच खाली 3.3 ओवर ले हो सकल तबे बारिश आ गइल आ एकरा बाद मैच दुबारा सुरु ना हो सकल। एह चलते फैंस बहुते निराश बा लो, बाकिर अब कर्नाटक राज्य क्रिकेट संघ (KSCA) फैंस के निराशा के दूर करे फसीला कइलें बा, जवना से कुछ हद तक दर्शकन के निराशा के कम कइल जा सकत बा …

50% टिकट के पइसा होई वापस

कर्नाटक राज्य क्रिकेट संघ भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच खेलल गइल पांचवां आ आखिरी टी20 इंटरनेशनल मैच के देखे आइल दर्शकन के टिकट के आधा रकम वापस करे के फसीला कइले बा। केएससीए एह बारे में मीडिया के जानकारी देलस आ बतवलस कि ऊ दर्शकन के 50 परसेंट पईसा के रिफंड करी।

2-2 से बराबर रहल सीरीज

बता दीं कि भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच पांच मैचन के टी-20 सीरीज खेलल जात रहे। जवना में शुरुआत के दो मैच साउथ अफ्रीका जीतले रहे। एकरा बाद के दु मैच भारत अपना नावे कइले रहे आ एकर फाइनल आ निर्णायक मुकाबला अतवार के होखे के रहे। बाकिर पहिला मैच सुरु होखही में देरी हो गइल। जेकरा बाद मैच 19-19 ओवर के कs दिहल गइल रहे। बाकिर बाद में खाली भारत 3.3 ओवर तक ले मैच खेल पाइल आ दोबारे बारिश आ गइल। एकरा बाद बारिश रुकला के बहुत देर ले इंतजार कइल गइल बाकिर अंपायरन के लागल कि मैच खेले के इस्थिति में नइखे। एकरा बाद एह मैच के रद्द कs दिहल गइल।

2 बार रद्द हो चुकल बा मैच

भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच ई पहिला बेर ना हs जब कवनो फाइनल मुकाबला रद्द भइल। एकरा पहिले 2015 में जब भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच तीन मैचन के t20 सीरीज खेलल गइल रहे, तs ओकरो आखिरी मैच के बारिश के कारण रद्द कs दिहल गइल रहे। 2019 में तीन मैचन के t20 सीरीज के पहिला मैच बारिश के कारण ना हो सकल रहे। कुछ अइसने अबकियो बेर भइल आ निर्णायक मुकाबला बारिश के भेंट चढ़ गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]