[the_ad_group id="30365"]

‘पुष्पा 2’ के डायरेक्टर के घर इनकम टैक्स के छापा, एयरपोर्ट पs ही पकड़ल गइले सुकुमार

'पुष्पा 2' के डायरेक्टर के घर इनकम टैक्स के छापा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आयकर विभाग के अधिकारी बुध 22 जनवरी के हैदराबाद में फिल्म निर्माता सुकुमार के घर अवुरी कार्यालय पs छापामारी कईले। सबेरे से शुरू भईल छापामारी कई घंटा ले चलल। बतावल जाता कि जब इs कार्रवाई भईल तs निर्देशक सुकुमार हैदराबाद हवाई अड्डा पs रहले। आयकर अधिकारी उनुका के एयरपोर्ट पs ही पकड़ के घरे ले अईले। एकरा बाद छापामारी जारी रहल। ‘पुष्प 2’ के निदेशक सुकुमार के घर पs आयकर विभाग के छापामारी में बहुत महत्वपूर्ण दस्तावेज अवुरी सबूत जुटावल जाता। 

कवनो आधिकारिक बयान सामने ना आइल

हालांकि छापामारी के पीछे के कारण अवुरी ओकरा में का खुलासा भईल, अबे ले अधिकारी नईखन बतवले।आयकर विभाग के कवनो अधिकारी अबे ले कवनो बयान जारी नईखन कईले। फिल्म निर्माता के ओर से भी कवनो आधिकारिक बयान नईखे आईल। ई बात ओह घरी आइल बा जब सुकुमार अपना हालही में रिलीज भइल फिलिम ‘पुष्पा 2: द रूल’ के सफलता के मजा लेत बाड़न. एह फिलिम में अल्लू अर्जुन आ रश्मिका मंदाना मुख्य भूमिका में बाड़ी आ एह फिलिम के 1500 करोड़ रुपिया से अधिका के कमाई भइल बा. एकरा से एक दिन पहिले मंगल यानी 21 जनवरी के निर्माता दिल राजू के संपत्ति पs भी आयकर छापामारी भईल।

कर चोरी के शक
कथित तौर पs आयकर अधिकारी के उनुका पs कर चोरी के शक बा। उs लोग दस्तावेज के जांच कs रहल बाड़े। कहल जा रहल बा कि ई कार्रवाई बेहिसाब बढ़ल आय के जाँच के हिस्सा हs. अधिकारियन के वित्तीय रिकार्ड आ लेनदेन के जाँच कs के संभावित कर चोरी के पता लगावल जा रहल बा.

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]