[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: आयकर विभाग कई गो व्यावसायिक प्रतिष्ठानन पs कइलस छापेमारी, कार्रवाई से व्यापारियन में हड़कंप

आयकर विभाग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम के ओर से छापामारी कईल गईल प्रतिष्ठान में से एगो के क्लब अवुरी दूसरा के ऑटोमोबाइल कंपनी के एजेंसी बतावल जाता। 

आयकर विभाग के टीम बियफ़ें के सबेरे शहर के पांच बड़ व्यापारिक प्रतिष्ठान पs छापामारी कईलस। टीम सबेरे-सबेरे पहुंच गईल। एह छापामारी के खबर से दोसरा प्रतिष्ठानन में दहशत मच गइल बा.

इहो पढ़ीं: Gorakhpur: गोरखपुर में तैयार होई दु गो सिटी फॉरेस्ट…घर के लगे मिली जंगल के अहसास

आयकर विभाग के टीम बियफ़ें के सबेरे शहर के पांच व्यापारिक प्रतिष्ठान अवुरी आवास पs छापामारी कईलस। एहमें एगो फ्लोर मिल संचालक, एक होटल क्लब उद्यमी, एक आटोमोबाइल सेक्टर, रियल ईस्टेट आ एगो अउरी व्यापारी पs छापा मारल बतावल जात बा. सबेरे आठ बजे दिल्ली आ लखनऊ के टीम मिल के एह प्रतिष्ठानन में पहुँच के छापामारी शुरू कs दिहलस.

एकरा अलावे एगो अवुरी व्यापारी पs भी छापामारी के जानकारी बा। एह छापामारी के बाद शहर के व्यापारियन के बीच हलचल मच गइल बा. ई छापा एक दोसरा से जुड़ल देख के दोसरा व्यापारी लोग के भी डर लागत बा कि एह छापामारी से ओह लोग के भी असर पड़ सकेला.

इहो पढ़ीं: Gorakhpur Weather: अगिला दु दिन तक जारी रही ठंड के सितम, सामान्य से 3.8 डिग्री कम भइल अधिकतम तापमान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]