चेकिंग: टिकट जांच अभियान में 108 यात्री बिना टिकट पकड़ाईल लो

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2023

सोनपुर रेल मंडल में लगातार ट्रेनन में चेकिंग अभियान चलाके बिना टिकट यात्रा करे वाला यात्रियन के पकड़ल जा रहल बा।सोनपुर रेल मंडल के रेलवे स्टेशनन, ट्रेनन में बिना टिकट आ अनियमित टिकटन पs यात्रा

Share

सोनपुर रेल मंडल में लगातार ट्रेनन में चेकिंग अभियान चलाके बिना टिकट यात्रा करे वाला यात्रियन के पकड़ल जा रहल बा।सोनपुर रेल मंडल के रेलवे स्टेशनन, ट्रेनन में बिना टिकट आ अनियमित टिकटन पs यात्रा करे वालन के खिलाफ अभियान जारी बा।

एही क्रम में सुक के सोनपुर- दिघवारा रेलखंड के सब स्टेशनन पs बस रेड द्वारा चेकिंग अभियान चलावल गइल। विशेष टिकट जांच अभियान के तहत बस रेड द्वारा सोनपुर- दिघवारा रेलखंड के अलग-अलग स्टेशनन पs टिकट चेकिंग स्टाफ आ रेलवे सुरक्षा बल के संयुक्त टीम औचक टिकट जांच कइलस। टिकट चेकिंग के दौरान बिना टिकट, अनियमित टिकट से यात्रा करे वाला 108 यात्रियन के पकड़ल गइल। एह यात्रियन से 27 हजार 230 रुपिया से जादे के जुर्माना वसूलल गइल।

टिकट चेकिंग अभियान में मंडल के वाणिज्य विभाग के अधिकारी , चेकिंग स्टाफ आ रेलवे सुरक्षा बल सहित 26 कर्मी सामिल रहे लो। बेटिकट यात्रियन पs नकेल कसे खातिर एक बेर फेर से रेलवे बस से चेकिंग करे के तरकीब ढूंढलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.