[the_ad_group id="30365"]

3 मिनट में थ्री व्हीलर बन जाई 2 व्हीलर: हीरो पेश कइलस मल्टी पर्पज थ्री व्हीलर, मिली 60 किलोमीटर प्रति घंटा टॉप स्पीड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हीरो मोटोकॉर्प अइसन इलेक्ट्रिक व्हीकल पेश कइले बा, जवन थ्री-व्हीलर आ टू-व्हीलर दुनो के काम करत बा। आसान शब्दन में कहल जव तs एगो तीन पहिया गाड़ी के दु पहिया स्कूटर में बदलले जा सकत बा। एकर वीडियो सामने आइल बा। हीरो एकरा के सर्ज (SURGE) के नाम देले बा।

हीरो जयपुर में आयोजित हीरो वर्ल्ड 2024 में सर्ज S32 (Surge) मल्टी पर्पज थ्री-व्हीलर के कॉन्सेप्ट मॉडल पेश कइले बा। ई थ्री-व्हीलर के संगे-संगे इलेक्ट्रिक स्कूटर के रूप में काम करी। ई स्कूटर कुछे मिनटन में थ्री व्हीलर से जुड़ सकत बा आ अलग हो सकत बा।

थ्री-व्हीलर के अंदरे रहेला स्कूटर

एह व्हीकल के ई SURGE S32 सीरीज हs। दरअसल, एह कार्गो थ्री-व्हीलर के भीतरिये टू-व्हीलर भा एगो स्कूटर छिपल रहेला। पहिले ई एगो थ्री-व्हीलर होला, जवना के फ्रंट सीट पs दु लोगन के बइठे के जगह होला, बाकिर जब एमे से स्कूटर बाहर आ जाला। तब एमे सिटिंग कैपेसिटी स्कूटर के सीट पs शिफ्ट हो जाला।

कंपनी के अनुसार थ्री-व्हीलर से टू-व्हीलर बने में एकरा तीन मिनट के वक्त लागेला। कंपनी एह सीरीज के कुल 4 वैरिएंट S32 PV, S32 LD, S32 HD आ S32 FB लॉन्च करी। हीरो वर्ल्ड 2024 में S32 LD के प्रदर्शन कइल गइल बा।

मिली 60 किलोमीटर प्रति घंटा टॉप स्पीड

सर्ज S32 में थ्री-व्हीलर आ टू-व्हीलर खातिर अलग-अलग पैरामीटर्स मिलेला। S32 LD जब थ्री-व्हीलर रहेला तब एमे 10 Kw के पावर मिलेला। एकरा खातिर एकरा के 11 Kwh के बैटरी से जोड़ल गइल बा। एकर मैक्सिमम स्पीड 45 किलोमीटर प्रति घंटा बा। ओहिजा से टू-व्हीलर पैरामीटर के बात करी तs एमे 3 Kw के पावर मिलेला। एकरा खातिर एकरा के3.5 Kwh के बैटरी से जोड़ल गइल बा। एकर मैक्सिमम स्पीड 60 किलोमीटर प्रति घंटा बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]