[the_ad_group id="30365"]

सीवान: महराजगंज के देवरिया में बदमाशन द्वारा युवक के गोली मारल गइल, हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान जिला के महराजगंज थाना क्षेत्र के देवरिया गांव में बीतल रात के बेखौफ बदमाशन द्वारा एगो युवक के गोली मारके गंभीर रूप से घायल कs दिहल गइल। घायल युवक के परिजन इलाज खातिर सदर अस्पताल पहुंचल लो, जहां चिकित्सकन द्वारा इलाज कइल जा रहल बा।

घायल युवक के पहचान महराजगंज थाना क्षेत्र के देवरिया गांव निवासी सरफुद्दीन अंसारी के रूप में भइल बा। परिजन लो बतावल कि तीन के संख्या में बदमाश सरफुद्दीन के लगे पहुंचल लो आ ओकर मोबाइल छीने लागल लो, ई देख सरफुद्दीन ओकर विरोध कइले तs बदमाश छाती में गोली मार दिहले आ आराम से फरार हो गइले।

ओने पुलिस घटना स्थल पs पहुंच के ममिला के जांच कs करत रहे। ओने सदर अस्पताल में इलाज के दौरान उपस्थित समाजसेवी श्रीनिवास यादव कहले कि सीवान जिला में अप्रत्याशित लूट, गोली कांड के जवन घटना हो रहल बाड़ी सs, उ पुलिस खातिर अपराधियन कावर से पुलिस खातिर चुनौती बा।

साभार: श्रीनारद मीडिया

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]