[the_ad_group id="30365"]

इसुआपुर प्रखंड के सत्तासी गावं में देवी जागरण कार्यक्रम आयोजित, हजारन दर्शक झूम उठल लोग 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इसुआपुर (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: इसुआपुर प्रखंड के सत्तासी गांव मे मंगर के रात में बालाजी मंदिर के प्राण प्रतिष्ठा के सुभ अवसर पs दिग्गज कलाकारन द्वारा जागरण कार्यक्रम आयोजित कइल गइल।

इसुआपुर प्रखंड के जिला पार्षद प्रियांका सिंह, धीरज सिंह आ मुखिया अजय राय के सौजन्य से जागरण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम मे मंच पs विरजमान दर्जनन गणमान्य लोग आ कलकारन के आयोजन समिति के तरफ से अंग वस्त्र देके सम्मानित कइल गइल। ओकरा बाद कार्यक्रम के सुभारंभ कइल गइल।

जागरण कार्यक्रम मे मौजूद दिग्गज कलाकार लोक गायिका आ पूर्व जिला पार्षद पुष्पा सिंह, हास्य व्यंग कालाकार सतेंद्र दूरदर्शी, अशोक अजनवी, मनीष मशरखिया, प्रिंस राज जइसन कलाकार कार्यक्रम में पहुँच मंच के शोभा बढ़ावल लो आ हजारन दर्शकन के अपना गीत संगीत के कला से रात भर झूमावल लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]