[the_ad_group id="30365"]

दुष्कर्म के आरोपी के पुलिस मुठभेड़ में मरलस गोली- भागे के फिराक में रहे- गोड़ में लागल गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संतकबीरनगर में नव साल के मासूम के संगे दुष्कर्म के आरोपी आ पुलिस के बीच मुठभेड़ हो गइल। भागे के फिराक में आरोपी के गोड़ में पुलिस के गोली लाग गइल। गोड़ में गोली लगला से ऊ घायल हो गइल। घायल अवस्था में आरोपी के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

जानकारी के अनुसार घनघटा क्षेत्र के एगो गांव में सोमार के रात नव साल के लईकी के संगे एगो जुवक दुष्कर्म कs देले रहे आ मवका से फरार हो गइल रहे। जुवक पs दुष्कर्म के केस दर्ज भइल रहे। पुलिस आरोपी के तलाश करत रहे।

मंगर के देर रात ककरहा के लगे आरोपी के लुकाइल होखला के सूचना पs पुलिस पहुंचल तs आरोपी भागे लागल। एह दौरान पुलिस मुठभेड़ में ओकरा गोड़ में गोली लाग गइल। पुलिस ओकरा के सीएचसी मलौली में भर्ती करवलस। जहां से ओकरा के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]