[the_ad_group id="30365"]

MLC चुनाव में PK के धमक: सारण से समर्थित उम्मीदवार अफाक अहमद CPI के पुष्कर के हरवलें; गया से बीजेपी के जीवन के बढ़त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विधान परिषद चुनाव के शिक्षक-स्नातक चुनाव के परिणाम आवे लागल बा। एह चुनाव में प्रशांत किशोर के धमक लउकल बा। सारण शिक्षक निर्वाचन से उनकर समर्थित कैंडिडेट अफाक अहमद दिवंगत एमएलसी केदारनाथ पांडे के बेटा आ CPI कैंडिडेट पुष्कर आनंद के हरा देले बाड़ें। हालांकि, अभी आधिकारिक घोषणा नइखे भइल।

CPI के आनंद पुष्कर काउंटिंग के दौरान मैदान छोड़के निकल गइल रहस। हार के सवाल पs ऊ कहलें कि हमरा से कवनो चूक नइखे भइल। शिक्षक लोग समझो।

एने, पहिला रिजल्ट जदयू के पक्ष में रहल। कोसी शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र में जदयू के पहिला सफलता हाथे लागल बा। जदयू के संजीव कुमार सिंह भाजपा के रंजन कुमार के हरा देलें बाड़ें। उनका सबसे जादे 8692 वोट मिलल बा। कोसी शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र खातिर पूर्णिया में काउंटिंग सेंटर बनावल गइल रहे।

गया में शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र के मतगणना चल रहल बा। इहां दु राउंड के परिणाम आ चुकल बा। पहिला राउंड में जीवन कुमार के 2941 वोट मिलल, जबकि संजीव श्याम सिंह के 1604 वोट मिलल बा।

दूसरका राउंड में बीजेपी के जीवन कुमार के 2243 वोट मिलल बा। ओहिजा, जेडीयू के संजीव श्याम सिंह के 1618 मत मिलल बा। अभी ले बीजेपी प्रत्याशी आगे चल रहल बाड़ें। दूसरका राउंड के बाद बीजेपी के प्रत्याशी 5684 वोट प्राप्त कs के जदयू प्रत्याशी संजीव श्याम सिंह से 2462 मतन से आगे बाड़ें।

सारण स्नातक क्षेत्र चुनाव के रिजल्ट के 4 राउंड के गिनती हो गइल बा। जदयू के डॉ. वीरेंद्र नारायण यादव के 2943 वोट मिलल बा, जबकि भाजपा के डॉ. महाचंद्र प्रसाद सिंह के 2615 वोट मिलल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]