[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर जिला में घर में सूतल महिला के धारदार हथियार से हत्या, पांच लोग पर केस दर्ज, चार लोग हिरासत में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामकोला थाना क्षेत्र के पपउर गांव के मेंहदीगंज टोला में मंगर रात कोठरी में सूतल 32 वर्षीय महिला के धारदार हथियार से हमला कs के हत्या कs देहल गइल। उनके पिता रामाकांत प्रसाद के तहरीर पर पुलिस पांच लोग पर हत्या के केस दर्ज कर लिहलस। चार लोग के हिरासत में ले के पूछताछ कs रहल बिया।
मेंहदीगंज में पूजा देवी पत्नी स्वर्गीय राजेश अपने 2 बचवन के संगे रहत रहली। पूजा के साथ छोटी बहन अंजू भी रहत रहे। मंगर के पूजा के बहन दोनों बचवन के लेकर कुस्महा के चकिया अपने घर चल गइल रहली घटना के रात पूजा घर पर अकेल रहली। बुध सुबह गांव के एगो लइकी उनके घर गइल त देखलस कि पूजा मृत अवस्था में बिस्तर पर पड़ल बाड़ी।
ऊ शोर मचावत बाहर आइल तब गांव वालन के घटना के जानकारी भइल। एही बीच केहू रामकोला पुलिस के सूचना दे दीहल। रामकोला एसएचओ नीरज राय तत्काल मौके पर पहुंच गइलें। थोड़ी देर बाद एसपी भी मौका पर पहुंचलें अउर लोग से पूछताछ कइलें। खोजी कुत्ते अउरी फॉरेंसिक टीम भी जांच कइलस। खोजी कुत्ता घूमत एगो व्यक्ति के घर मे पहुंच गइल।
पुलिस ओ व्यक्ति के हिरासत में लेके पूछताछ कs रहल बिया। एकरे पहिले भी पुलिस तीन संदिग्ध लोग के हिरासत में लिहले बा। पूजा के पिता रामाकांत प्रसाद के तहरीर पर पुलिस निलावती, ज्ञानती, महेंद्र प्रसाद, कयास, भागवती पर केस दर्ज कइले बा। आरोपी घर छोड़ के फरार बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]