Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जापान में सुनामी से फुकुशिमा परमाणु संयत्र में आइल बड़हन खराबी, रेडियोधर्मी पदार्थ के लीकेज मचइलस हड़कंप

289

 

सुनामी से प्रभावित जापान में तबाही के खबर के बीच फुकुशिमा-दाइची परमाणु ऊर्जा संयंत्र में खराबी के बड़हन जानकारी भी सामने आ रहल बा। बतावल जात बा कि फुकुशिमा परमाणु संयंत्र में एगो शुद्धिकरण मशीन से रेडियोधर्मी पानी लीक हो रहल बा। जवना से आसपास के इलाका में हलचल मच गईल बा। रेडियोधर्मी सामग्री के रिसाव रोके खातिर विशेषज्ञन के टीम जुट गइल बा। हालांकि अबे ले तक मिलल जानकारी के मुताबिक एकरा चलते केहु के घाही नईखे भईल। संयंत्र के अधिकारी इs जानकारी देले।

अधिकारी बतवले कि रेडिएशन मॉनिटरिंग से पता चलल बा कि लीक के बाहरी वातावरण पs कवनो असर नईखे पड़ल। संयंत्र चलावे वाली टोक्यो इलेक्ट्रिक पावर कंपनी होल्डिंग्स के कहना बा कि बुध के सबेरे एगो मजदूर के एह लीक के पता चलल जब ऊ सेरी में एगो वाल्व के जांच कइलसि जवन मुख्य रूप से दूषित पानी से सीजियम आ स्ट्रोंटियम हटावे खातिर बनावल गइल ट्रीटमेंट मशीन ह। कहलस कि मशीन के रखरखाव के काम खातिर बंद कs दिहल गइल बा।

एतना मीट्रिक टन रेडियोधर्मी पानी लीक हो गईल

कंपनी के कहनाम बा कि करीब 5.5 मीट्रिक टन रेडियोधर्मी पानी लीक हो गईल बा, लेकिन रेडियोधर्मी पानी प्लांट परिसर से बाहर ना निकल पावल। कहलस कि लीक भइल पानी ओह सीमा से दस गुना अधिका रेडियोधर्मी बा जवना के कानूनी तौर पs छोड़ल जा सकेला। कंपनी के प्रवक्ता केनिचि तकाहरा बतवले कि रिसाव भईल पानी के पूरा तरीका से साफ कs दिहल गईल बा अवुरी एकरा संपर्क में आईल माटी के भी हटावल जाता। मशीन कब लीक होखे लागल इs साफ नईखे, लेकिन कंपनी के कहनाम बा कि मंगल के भईल निरीक्षण में कवनो परेशानी ना मिलल।

 

 

732150cookie-checkजापान में सुनामी से फुकुशिमा परमाणु संयत्र में आइल बड़हन खराबी, रेडियोधर्मी पदार्थ के लीकेज मचइलस हड़कंप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.