Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में मासूमन से अश्लील हरकत करत रहे सफाईकर्मी : टॉफी-चॉकलेट के लालच देके जाल में फंसावत रहे, केहू के बतवला पs जान से मारे के देत रहे धमकी

211

गोरखपुर में एगो हैरान कs देवे वाला ममिला सामने आइल बा। एगो सफाईकर्मी लईकन के टॉफी आ चॉकलेट के लालच देके ओकनी से अश्लील हरकत करत रहे। ऊ खजनी इलाका में तैनात रहे। इहां रहत ऊ एगो ना कइयन लईकन के संगे एह तरे के शर्मनाक हरकत कइलस।

ओकर हरकत सामने अइला पs लईका के घरवाला शिकायत दर्ज करावल लो। एकरा बाद पुलिस ओकरा खिलाफ अप्राकृतिक दुष्कर्म आ पॉक्सो एक्ट के केस दर्ज कs के गिरफ्तार कs लेलस। पुलिस के कहनाम बा कि ऊ एक हफ्ता से ई हरकत करत रहे। लईकन के 20 रुपिया देला के संगही केहू से बतवला पs जानमाल के धमकी देत रहे। फिलहाल पुलिस एह पूरा ममिला के गंभीरता से जांच कs रहल बा।

लईकन के अभिभावक लोग कइल शिकायत

दरअसल, खजनी के एगो गांव के रहे वाला सोनू कुमार (45) ब्लॉक में सफाईकर्मी बा। ओकरा खिलाफ कुछ लईकन के अभिभावक शिकायत लेके थाना पs पहुंचल लो। पुलिस के दिहल गई तहरीर में बतावल लो कि ऊ लईकन के बोलाके ओकनी के संगे ओरल सेक्स करेला। ऊ रोजाना तीन से चार बजे के बीच लईकन के बुलाके अइसन हरकत करत रहे।

10-12 लईकन संगे कs चुकल बा शर्मनाक हरकत

बीतल करीब एक हफ्ता के भीतर ऊ 10-12 लईकन के संगे अइसन शर्मनाक हरकत कs चुकल बा। एकरा बाद ऊ लईकन के जानमाल के धमकी देत रहे। ऊ लईकन से कहत बा कि जदि केहू के कुछ बतावल तs बहुत मारेम। अइसन करे खातिर ऊ लईकन के टॉफी, चॉकलेट आ पईसा के लालच देके आपन जाल में फंसावत रहे। बाद में ऊ डर के वजह से केहू से कुछ ना कहत रहे।

एगो लईका मां के बतवलस आपबीती

अधिकांश लईका ओकरा हरकत पs चुप रह गइलें सs। बाकिर, ओकर एह हरकतन से तंग आके एगो लईका के अपना मां से आपबीती बता देलस। लईका के बात सुनके ओकरा परिजनन के पहिले तs यकीन ना भइल। बाकिर धीरे- धीरे ई बात पूरा इलाका में फइल गइल।

ममिला के पुष्टि होखला पs परिजन खजनी थाना पs पहुंचल लो। आरोपी के खिलाफ तहरीर देके कार्रवाई के मांग कइलस। पुलिस सोनू कुमार के खिलाफ केस दर्ज कs के ओकर तलाश सुरू कs देलस। थाना प्रभारी खजनी गौरव आर कन्नौजिया ओकरा के गिरफ्तार कs लेलें।

थाना पs जुटल लोग जतवलें गुस्सा

आरोपी के पकड़ल गइला के सूचना पs थाना पs बड़ संख्या में लोग जुट गइल। मंगर के थाना पहुंचल लोग ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई के मांग कइलस। आरोपी बियहल बा। ओकर लईको बा लो। ओकरा हरकत से स्थानीय लोग बहुते खिसीआइल नजर आइल। लोगन के तेवर देखके पुलिस सबका के समझा बुझाके सख्त कार्रवाई का आश्वासन दिया।

786500cookie-checkगोरखपुर में मासूमन से अश्लील हरकत करत रहे सफाईकर्मी : टॉफी-चॉकलेट के लालच देके जाल में फंसावत रहे, केहू के बतवला पs जान से मारे के देत रहे धमकी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.