[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: कंबाइन मशीन के पहिया से दबल युवक, घंटन ले जिंदगी से जूझत रहे

कंबाइन मशीन के पहिया से दबल युवक
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चौरीचौरा के कुंदन मार्केट में मंगल के सबेरे करीब साढ़े पांच बजे कम्बाइन मशीन पीछे से सब्जी से भरल मिनी लोडर गाड़ी पs बईठल युवक के ऊपर से चढ़ गईल।  युवक के आधा शरीर कम्बाइन मशीन के पहिया के नीचे फंस गईल।  एक घंटा ले ऊ नवही दर्द से कराहत जिनिगी आ मौत के बीच जूझत रहल.

जेसीबी आ स्थानीय लोग के मदद से कम्बाइन मशीन निकाल के युवक के जान बच गईल। एs दौरान गोरखपुर से देवरिया जाए वाली फोर लेन करीब डेढ़ घंटा ले बंद रहे।  युवक के इलाज खातीर जिला अस्पताल भेज दिहल गईल।  पुलिस कम्बाइन मशीन के संगे ड्राइवर के हिरासत में लेलस।

गगहा थाना गांव सोहगरवा निवासी भीम के बेटा अनुप (26) चौरीचौरा के कुंदन मार्केट में स्थित सब्जी बाजार में मिनी लोडर गाड़ी में सब्जी के संगे सब्जी बेचे आईल रहले।  गाड़ी के पीछे अनूप बईठल रहले।  ठीक ओही घरी नया कम्बाइन मशीन बिहार के पटना में एजेंसी के तेज रफ्तार से पहुंचावे वाला रहे।

अचानक तेज रफ्तार से आवत कम्बाइन चालक सड़क के किनारे खड़ा सब्जी से भरल मिनी लोडर गाड़ी के ऊपर से आपन गाड़ी चला देलस, जवना के चलते पीछे बईठल अनुप के शरीर के अंग कमर से नीचे दबा गईल।  गांव चकदेईया निवासी अंकित यादव अपना जेसीबी के मदद से कम्बाइन निकलले।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]