[the_ad_group id="30365"]

मशरक पेट्रोल पंप से खुदरा लेवे के बहाने 50 हजार रूपिया ले के फरार, पुलिस जांच में जुटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना क्षेत्र से गुजर रहल एन एच 227-A, राम जानकी पथ पर चैनपुर गांव में इस्थत ब्रह्मपुत्र पेट्रोल पंप पर दु गो अपाची बाइक सवार जुवकन द्वारा तेल लेवे के बहाने पचास हजार रुपिया के खुदरा मांगे में हेरा फेरी कsके 50 हजार नगदी लेके भागे के ममिला सामने आइल बा।

ममिला में पेट्रोल पंप संचालक औधेष सिंह बतवलें कि दु गो अपाची बाइक सवार पेट्रोल पंप पर पैट्रोल लेवे पहुंचल लो 500 सौ रुपिया के तेल लेके दु हजार के नोट दिहल आ काउंटर पर पहुंच के 50 हजार रुपिया के खुदरा मांगल। ओहि दौरान 50 हजार रुपिया के गड्डी गिनला के दौरान लेके फरार हो गइल।

ई समूचा घटना पेट्रोल पंप पर लागल सी सी टीवी कैमरा में कैद हो गइल बा। ममिला में थाना पुलिस के आवेदन दिहल गइल बा। पुलिस एह ममिला में जांच पड़ताल कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]