[the_ad_group id="30365"]

चौरीचौरा में सराफ़ा दुकान में दिनदहाड़े चोरी, पुलिस पहुंचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चौरीचौरा में अपराध पs अंकुश नइखे लग पा रहल। लगातार घटना हो रहल बा। सुक के दिनदहाड़े क्षेत्र के मुंडेरा बाजार कस्बा में सराफ़ा के दुकान में चोरी के घटना भइल बा। प्रभारी निरीक्षक मवका पs पहुंच के सीसीटीवी कैमरन के खंगाल रहल बा। सीसीटीवी फुटेज से चोर के पता चल सकी। पुलिस ममिला के जांच कर रहल बिया।

चौरीचौरा में दिनदहाड़े भइल दु गो चोरी के घटना

चौरीचौरा के लगे इलाका मुंडेरा बाजार में प्रेमचंद जायसवाल के सराफ़ा दुकान से लगभग 4 किलो चांदी आ 20 ग्राम सोना के चोरी भइल। अभी पुलिस चोरी के घटना के फुटेज खंगालत रहल। एही  बीचे नया बाजार मार्ग पs महदेवा के लगे भाऊपुर निवासी मनीष कुमार के मनीष बस्त्रालय से 25 हज़ार नगदी दुकान के काउन्टर से चोरी हो गइल। अब पुलिस ओहुजा फुटेज देख रहल बिया।  एह तरे हो रहल घटना के देखके डरल सहमल बा। पहिले रात में आ अब दिनदहाड़े चोरी के वारदात पुलिस के चिन्ता बढ़ा देले बा।

TAGS:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]