[the_ad_group id="30365"]

आगरा में घाेड़ी चढ़के दुल्हिन लेवे आइल रहे दूल्हा, कुछ दबंग मिल के बरात लगावे के अरमानन पऽ फेरले पानी, बरातियन के पीटले 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Agra Latest News गांव में बरात लगावे घरी कुछ दबंग मिल के रोक देले सन। खेरागढ़ के वकालपुर में शमसाबाद से आइल रहे बरात। दबंग जनरेटर के लाइट काट के बरातियन के पीटले सन। लइकी के पिता पुलिस के बतवले कि घटना से परिवार में डर के माहौल बा। नामजद आउर आरोपितन के पुलिस अबही गिरफ्तार नइखे कइले।

खेरागढ के गांव वकालपुर दबंग 25 मई के शमसाबाद से आइल वंचित जाति के दूल्हा के घोड़ी पs चढ़के ना जाए देले सन। बरातियन आ दुल्हन पक्ष के लोगन के साथे जमके मारपीट कइले। आरोप बा कि दबंगन के एलान के चलते पुलिस पहुंचला के बादो दूल्हा के घोड़ी पs चढ़ के बरात लेके जाए के हिम्मत ना भइल।

पुलिस मुकदमा दर्ज कऽ के चार लोगन के गिरफ्तार कइले रहे। घटना के बाद से लइकी के परिवार दहशत में बा। पीड़ित परिवार मंगर के अपर पुलिस आयुक्त से मिलके आरोपियन के खिलाफ धारा बढ़ावे आ सुरक्षा के मांग कइलस।

वकालपुर गांव के रहे वाला मुन्ना के बेटी के 25 मई के रात 10 बजे शमसाबाद से बरात आइल रहे। मुन्ना सिंह के अनुसार बरात दबंग राहुल, संदीप, गोकुल, आदित्य, सोमेंद्र के मोहल्ला से होके गुजरे लागल।

आरोप बा कि दबंग कुल्ह बरात के रोक लेले, एलान कइले कि दूल्हा घोड़ी पs चढ़ के ना जाई। विरोध कइला के बाद बरातियन के साथ मारपीट कऽ देले।

जनरेटर के लाइट काट देले

दबंग शादी के मंडप में लागल जनरेटर के लाइट काट देले सन। एकरा बाद जमके बवाल कइले सन। जेहू सामने आइल ओकरा के बुरा तरे पीटले सन। बरात में आई युवतियनो से हद दर्जा के अभद्रता कइले सन। एकरा से बरातियन में अफरातफरी मच गइल रहे। लइकी पक्ष 112 नंबर पs फाेन कइला पs पुलिस पहुंच गइल। कवनो तरे दुल्हन के फेरा दिआवा के बरात के विदा कइल गइल।

पुलिस चार आरोपियन के कइलस गिरफ्तार

पुलिस दबंग राहुल, गोकुल, संदीप, आदित्य, यशपाल, पंकज, गुड्डू आ सोमेंद्र के नामजद आ 15 अज्ञात लोगन के खिलाफ बलवा, मारपीट, एससीएसटी एक्ट के धारा में मुकदमा दर्ज कइले रहे। चार आरोपितन के गिरफ्तार कइलस। लइकी के पिता ग्रामीण के साथे अपर पुलिस आयुक्त से मिलले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]