[the_ad_group id="30365"]

अब विदेशन में गूंजी ‘हर-हर महादेव के नारा’, लंदन में विरजिहे 25 किलो के काशी विश्वनाथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी: महादेव के प्रिय सावन के पवित्र महीना 14 जुलाई से सुरू बा। श्रद्धालु भगवान महादेव के भक्ति के नशा में डूबल बा, गली, चौराहन, सड़कन पs हर हर महादेव के नारा गुंजायमान हो रहल बा।

एह दौरान भगवान शिव के नगरी काशीयो में भक्तन के हुजूम उमड़ल बा। सावन के एह पवित्र महीना में बाबा श्री काशी विश्वनाथ के दर्शन पूजन करे खातिर जहां लाखन के संख्या में शिवभक्त विश्वनाथ धाम में पहुंच रहल बा लो तs ओहिजा अब लंदन में रहे वाला भोले भक्तन के ओहि लो के शहर में बाबा श्री काशी विश्वनाथ के दर्शन मिली।

वाराणसी के श्री काशी विश्वनाथ मंदिर के तर्ज पs लंदनो में बाबा श्री काशी विश्वनाथ के मंदिर बनावल गइल बा, एह मंदिर में दु दिन के बाद काशी से शिवलिंग ले जाके स्थापित कइल जाई। लंदन में शिवलिंग के स्थापना से पहिले धर्म के नगरी काशी में तीन दिन तक 108 ब्राह्मण लोग के मवजूदगी में नाट्यकोटी समुदाय के लोग विशेष अनुष्ठान कइल।

रुद्राष्टकम पूजन के जरिए शिवलिंग के प्राण प्रतिष्ठा कइल गइल। अब ई शिवलिंग काशी से लंदन ले जाइल जाई, जहवां पs बाबा श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में शिवलिंग के स्थापित कइल जाई।

भक्तन में खुशी के बा माहौल

लंदन में बाबा श्री काशी विश्वनाथ मंदिर में होखे वाला शिवलिंग के स्थापना के लेके मंदिर के लोग बतावल कि शिवलिंग के पवित्र नर्मदा नदी से काशी ले आवल गइल। नर्मदा से ले आवल गइल एह शिवलिंग के वजन 25 किलोग्राम बा। आयोजक मुत्थू कुमार बतवले कि एकरा के लंदन में बनल काशी विश्वनाथ मंदिर में स्थापित कइल जाई। स्थापना से पहिले एकरा के काशी ले आवल गइल, जहां तीन दिनन तक एह शिवलिंग के खास पूजन अर्चना कइल गइल आ एकरा के कुछे दिन में लंदन के काशी विश्वनाथ मंदिर में स्थापित करे खातिर ले जाइल जाई।

लन्दन में भगवान काशी विश्वनाथ के स्थापना से उहां रहे वाला भारतीय भक्तन में खुशी के माहौल बा। भक्त सावन के पवित्र महीना में महादेव के पूजा अर्चना करे खातिर लालायित दिख रहल बा। बाबा के दर्शन करे खातिर लंदन में रहे वाला भक्त बहुते क़ उत्सुक हो रहल बा लो।

साभार: न्यूज़ 18

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]