[the_ad_group id="30365"]

‘सुधर जा लो… ना तऽ चीर देब’, जॉन अब्राहम के लइकन पऽ फूटल गुस्सा, कोलकाता डॉक्टर केस पऽ देले माता-पिता के सलाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जॉन अब्राहम कोलकाता के डॉक्टर केस पs आपन नाराजगी जतवले आ कहले कि उऽ महिला के कवनो सलाह ना दिहल चाहतारे, काहेंकी एकरा में उनकर कवनो गलती नइखे। उऽ माई-बाप के अपना बेटा के बेहतर तरीका से पालन-पोषण करे खाती प्रेरित कइले बाड़े।

‘वेदा’ के अभिनेता जॉन अब्राहम हालही में कोलकाता के डाक्टर केस पर आपन प्रतिक्रिया दिहले बाड़न। उऽ कहले कि उऽ महिला के कवनो सलाह ना दिहल चाहब, काहेंकी उऽ लोग दोषी नइखी। हँ, लड़िकन खातिर उनकर एगो मजबूत संदेश जरूर बा। अभिनेता सभे माता-पिता से कहले कि उ लोग अपना लइकन के भी बढ़िया परवरिश देस।

अभिनेता जॉन अब्राहम आज कल खबरन में बाड़न काहे कि 15 अगस्त के साथे रिलीज भइल फिल्म ‘वेदा’। एह सिनेमा के मिश्रित प्रतिक्रिया मिलल बा। देशभक्ति पर आधारित एह सिनेमा में महिला सुरक्षा के भी चर्चा भइल बा। अब अभिनेता एह बारे में ‘रेडियो सिटी’ से बात कइलन। ए दौरान उनका से 9 अगस्त के कोलकाता में डॉक्टर के संगे भइल घटना पs उनकर प्रतिक्रिया पूछल गइल। अभिनेता कहले कि, हम लइकन के ठीक से व्यवहार करे के कहब, ना तऽ हम ओ लोग के फाड़ देब।’ एकरा बाद अभिनेता हंसले लेकिन बाद में गंभीर हो गइले।

देश के माता-पिता के जॉन अब्राहम के सलाह

जॉन आगे कहले कि, ‘ईमानदारी से हम सिर्फ बेहतर परवरिश के उम्मीद करतानी।’ आ हम लइकिन के कुछ ना बताइब, काहे कि ओह लोग के का गलती बा? हमरा लागता कि माई-बाप के लइकन के ठीक से व्यवहार करे के कहे के चाही। लइकियन के अधिका अधिकार मिले के चाहीं।

जॉन अब्राहम देश में महिला के सुरक्षा पऽ आपन राय रखले

जॉन अब्राहम पॉडकास्ट में कहले कि एगो देशभक्त के रूप में उनका लागता कि भारत के कमी के उजागर कइल जरूरी बा। भारत में महिला, बच्चा आ जानवर सुरक्षित नइखे। ई दुखद बा। देश के हर पुरुष के इ समझे के जरूरत बा कि महिला के संगे कइसे व्यवहार करे के चाही। बहुत जरूरी बा कि हर महिला खातिर पुरुष के रक्षक बने के चाही।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]