[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली समेत देश भर में 15 अगस्त के कईसन रही मौसम? IMD जारी कइलस 19 राज्यन में भारी बरखा के चेतावनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश में काल्हु स्वतंत्रता दिवस मनावल जाई. दिल्ली समेत कई राज्यन में 15 अगस्त के बरखा होखे के अनेसा बा. मौसम विभाग हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, उत्तर प्रदेश आ राजस्थान में 18 अगस्त ले भारी बरखा के चेतावनी जारी कइले बा. हरियाणा, पंजाब, जम्मू कश्मीर में आजु आ काल्हु भारी बरखा हो सकेला. एकरा साथे साथ छत्तीसगढ़ आ मध्य प्रदेश में 14 अगस्त यानी आजु के भारी बरखा के अनुमान बा।

15 अगस्त के दिल्ली में मौसम कईसन होई?

मौसम विभाग दिल्ली-एनसीआर में अगिला तीन दिन ले बरखा के ‘यलो अलर्ट’ जारी कइले बा. आईएमडी के अनुमान बा कि बुध के दिने आसमान में बादल छाए वाला आ हल्का से मध्यम बरखा होखे के अनेसा बा. बुध के अधिकतम अवुरी न्यूनतम तापमान 33 अवुरी 26 डिग्री सेल्सियस के आसपास होखे के संभावना बा। मंगल के दिने दिल्ली-एनसीआर में रुक-रुक के बरखा भइल आ अधिकतम तापमान सामान्य से 0.6 डिग्री नीचे 33.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल.

एह राज्यन में भी भारी बरखा होई 

मौसम विभाग के मुताबिक अरुणाचल प्रदेश में 15 अगस्त ले भारी बरखा के संभावना बा। असम, मेघालय, नागालैंड, मणिपुर, मिजोरम अवुरी त्रिपुरा में 17 अगस्त ले भारी बरखा हो सकता। बिहार, झारखंड, ओडिशा, पश्चिम बंगाल अवुरी सिक्किम पs 14 अगस्त से 16 अगस्त ले हल्का से मध्यम बरखा के संभावना बा। कुछ जगहा भारी बरखा के संभावना बा। मौसम विभाग तमिलनाडु, पुडुचेरी, कर्नाटक, केरल आ लक्षद्वीप में 16 अगस्त ले भारी बरखा के अनुमान लगवले बा.

राजस्थान में मूसलाधार बरखा के रेड अलर्ट

राजस्थान में लगातार होखत मूसलाधार बरखा के चलते मंगल के दिने राजधानी जयपुर समेत कई जिला में स्कूल बंद रहल. राज्य में दू दिन में बरखा के चलते 22 लोग के मउत हो गइल बा. एही बीच मौसम विभाग भी ‘रेड अलर्ट’ यानी बुध के बहुत इलाका में बहुत भारी बरखा के चेतावनी जारी कईले बा। मौसम केन्द्र जयपुर के मुताबिक 14 अगस्त के भरतपुर, जयपुर, अजमेर अवुरी कोटा संभाग के कुछ हिस्सा में भारी अवुरी बहुत भारी बरखा के प्रबल संभावना बा। 15-16 अगस्त के पूर्वी राजस्थान के कुछ हिस्सा में मध्यम आ कुछ जगहा पs भारी बरखा हो सकेला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]