[the_ad_group id="30365"]

मॉनसून फेर पकड़लस रफ्तार, देश के कई इलाकन में आज भारी बरखा, जानीं मौसम के लेटेस्ट अपडेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत के अधिकतर हिस्सा में मानसून के गति बढ़ल बा आ एही से देश के अलग-अलग हिस्सा से लगातार बरखा के खबर आ रहल बा। एक ओर बरखा के चलते लोग के जानलेवा गर्मी से राहत मिलेला, दूसरा ओर बहुत क्षेत्र में जीवन बाधित हो जाला। एह बरसात के मौसम में भूस्खलन से लेके जलभराव ले के खबर आवेला।

पूर्वोत्तर के कई राज्यन में रेड अलर्ट

असम, मेघालय, अरुणाचल प्रदेश में बारिश के रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा। एकरा संगे पश्चिम बंगाल, झारखंड, ओडिशा, सिक्किम, बिहार अवुरी अरुणाचल प्रदेश में अलग-अलग जगह पs भारी बरखा के अनुमान लगावल गईल बा।

कोंकण आ गोआ में बरखा के संभावना

12-15 जुलाई के दौरान कोंकण, गोवा, मध्य महाराष्ट्र अवुरी तटीय कर्नाटक पs भारी बरखा के संभावना बा।

17 जुलाई ले हिमाचल में लगातार बरखा के अलर्ट

आईएमडी ‘येलो अलर्ट’ जारी कs के शिमला में आजु आ काल्हु के भारी बरखा के अंदाजा लगा दिहले बिया. एकरा संगे राज्य के बहुत इलाका में 17 जुलाई ले लगातार बरखा के अनुमान लगावल गईल बा।

आजु दिल्ली में मध्यम बरखा हो सकेला

बियफ़ें के दिल्ली में जहां नम दिन रहे उहें शुक के मध्यम बरखा के संभावना बा। भारत के मौसम विभाग के मुताबिक, अधिकतम तापमान 38.8 डिग्री सेल्सियस रहल जवन कि मौसम के औसत से 3 डिग्री जादा बा। दिन में आर्द्रता 56 से 91 प्रतिशत के बीच रहे। शहर में न्यूनतम तापमान 27.2 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल बा। मौसम विभाग बियफे के दिने आसमान में बादल छाए वाला आ मध्यम बरखा के अनुमान लगवले बा. अधिकतम तापमान 36 डिग्री सेल्सियस के आसपास आ न्यूनतम तापमान 28 डिग्री सेल्सियस के आसपास होखे के संभावना बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]