[the_ad_group id="30365"]

IMA चुनाव : गोरखपुर में 15 दिसंबर से दाखिल होई परचा, 25 के मतदान- अबकी बेर प्रेसीडेंट इलेक्ट चुनल जइहें

IMA चुनाव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : इंडियन मेडिकल एसोसिएशन (आईएमए) के नया कार्यकारिणी खातिर चुनाव के घोषणा कs दिहल गइल बा। एकरा खातिर डॉ. बीबी गुप्ता के चुनाव अधिकारी बनावल गइल बा। 15 से 20 दिसंबर तक प्रत्याशी नामांकन कs सकत बा लो। 22 दिसंबर के परचा वापसी आ जरूरत पड़ला पs 25 दिसंबर के मतदान आ मतगणना होई। चुनाव के घोषणा होखतही प्रचार जोर पकड़ लेले बा।

IMA चुनाव : अगिला साल से खाली प्रेसीडेंट इलेक्ट के होई चुनाव

अबकी बेर प्रेसीडेंट इलेक्ट (आवे वाला साल 2026 के अध्यक्ष) के चुनाव होई। एकरा संगही अध्यक्ष पद के चुनावो होई, बाकिर अगिला साल से खाली प्रेसीडेंट इलेक्ट के चुनाव होई। जे एह साल प्रेसीडेंट इलेक्ट चुनल जाई, ऊ अगिला साल के अध्यक्ष होइहें। चुनाव के घोषणा होखतही सब पदन के दावेदार आइएमए के वाट्सएप ग्रुप पs आपन प्राथमिकता बतावल सुरू कs देले बा लो।

खबर भोजपुरी के ऑफिसियल चैनल के विजिट करीं : खबर भोजपुरी ऑफिसियल

अध्यक्ष पद खातिर दुगो नाम चरचा में आ गइल बा। उपाध्यक्ष आ सचिव पद खातिर एक-एक लोग सामने आइल बा। ओहिजा, पिछलका कार्यकारिणी के एगो पदाधिकारी अबकी बेर प्रेसिडेंट इलेक्ट खातिर दावेदार हो सकत बाड़ें, एकर तइयारियो सुरू हो गइल बा।

चुनाव के तिथि 25 दिसंबर तय कs दिहल गइल बा। चुनाव अधिकारी के चयन हो चुकल बा। अब चुनाव अधिकारी आपन टीम बनाके नामांकन से लेके चुनाव तक के जिम्मेदारी संभरिहें।

डाॅ. स्मिता जायसवाल, अध्यक्ष, आईएमए

Read Also: Deoria: किसान आंदोलन में तैनात गहिला के ITBP जवान के ड्यूटी के दौरान हार्ट अटैक से मौत, परिवार में मचल कोहराम…

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]