[the_ad_group id="30365"]

अवैध खनन ममिला : विजय हांसदा के शपथ पत्र के सत्यापन करे वाला अधिवक्ता से ईडी करी पूछताछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची : झारखंड में 1000 कराेड़ के अवैध खनन के जांच कर रहा प्रवर्तन निदेशालय विजय हांसदा के शपथ पत्र के सत्यापन करे वाला अधिवक्ता से पूछताछ करी। विजय हांसदा के कहनाम बा कि पुलिसकर्मी लोग उनका से सादा कागज पर हस्ताक्षर करावल लो, जबकि रिकार्ड के मोताबिक ऊ शपथ पत्र के माध्यम से आपन बातन के कहले बाड़े। शपथ पत्र अधिवक्ता तइयार करे ला लो आ नोटरी पब्लिक ओकरा पर मुहर लगावेले। शपथकर्ता के मवजूदगी में ई प्रक्रिया पूरा होला। एह ममिला के गुत्थी सुलझावे खातिर ईडी संबंधित अधिवक्ता आ नोटरी पब्लिको से  पूछताछ करे के तइयारी में बिया।

विजय हांसदा ईडी के देले कइयन गो जानकारी 

ईडी के टीम सुक के साहिबगंज जेल में बंद विजय हांसदा से करीब ढाई घंटा तक पूछताछ कइलस। सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक एह दौरान ईडी के टीम पूछलस- कवन पुलिस पदाधिकारी उनका से सादा कागज पs हस्ताक्षर करावल। ओह दौरान उहां के-के मवजूद रहे। विष्णु यादव से मुलाकात कब भइल। ऊ केस वापस लेवे खातिर कइसन प्रलोभन देलस। एह संबंध में विजय हांसदा ईडी के पूरा जानकारी देलें।

स्वीटी पैलेस के ईडी कइलस सील

ईडी के पांच सदस्यीय टीम असिसटेंट डायरेक्टर देवव्रत झा के नेतृत्व में एक दिसंबर के साहिबगंज पहुंचल रहे। टीम एसडीओ कोठी पथ, सकरुगढ़ इस्थित स्वीटी पैलेस में छापामारी कइले रहे। ईडी स्वीटी पैलेस के ऊपरा मंजिल के सील कs देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]