नागपुर में हिंसा के बाद अवैध बांग्लादेशियन में खौफ! पुलिस के कार्रवाई के डर से होत बाड़े फरार

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2025

महाराष्ट्र के नागपुर में 17 मार्च के भइल हिंसा के बाद शहर में लुकाइल अवैध बांग्लादेशियन के बीच पुलिस कार्रवाई के आशंका बा. खबर के मुताबिक पुलिस के कार्रवाई से बचे खातीर नागपुर से बहुत

Share

नागपुर

महाराष्ट्र के नागपुर में 17 मार्च के भइल हिंसा के बाद शहर में लुकाइल अवैध बांग्लादेशियन के बीच पुलिस कार्रवाई के आशंका बा. खबर के मुताबिक पुलिस के कार्रवाई से बचे खातीर नागपुर से बहुत अवैध बांग्लादेशी भाग गईल बाड़े। बता दीं कि नागपुर से पुणे होत मुंबई चहुँपल एगो बांग्लादेशी के पुलिस भी गिरफ्तार कs लिहले बिया आ ओकर नागपुर कनेक्शन के जाँच हो रहल बा. क्राइम ब्रांच के सूत्र इहो बतवले बाड़े कि नागपुर में लुकाइल बहुते अवैध बांग्लादेशी शहर छोड़ के अलग अलग जगहा चल गइल बाड़े.

दादर में अवैध बांग्लादेशी गिरफ्तार


बता दी कि मुंबई पुलिस के क्राइम ब्रांच देश में अवैध तरीका से रहे के आरोप में दादर से एगो बांग्लादेशी नागरिक के गिरफ्तार कs लेले बिया। अब पुलिस जांच करतिया कि 17 मार्च के नागपुर में भईल हिंसा में उs शामिल रहले कि ना। बुध के दिने एगो आदमी अजीजुल निजानुल रहमान (29) के क्राइम ब्रांच के यूनिट 2 हिरासत में लेले रहे अवुरी बाद में ओकरा के दु दिन के पुलिस हिरासत में भेज दिहल गईल, बियफ़ें के एगो अधिकारी बतवले। रेहमान के बारे में पुलिस के पता चलल रहे कि उs नागपुर में रहेले अवुरी पुणे होत मुंबई पहुंचल बाड़े।

नागपुर क्राइम ब्रांच के सूत्र से कई गो अवैध बांग्लादेशी फरार

क्राइम ब्रांच के कहल बा कि नागपुर में भइल हिंसा के बाद शहर में लुकाइल बहुते बांग्लादेशियन के बाहर निकाल के अलग अलग राह धइले बा. उs बतवले कि गिरफ्तार आरोपी के अलावे बहुत बांग्लादेशी भी नागपुर में आपन पहचान छिपा के रहतारे अवुरी एकर जांच कईल जाता। बता दीं कि पिछला कुछ हफ्ता में महाराष्ट्र के अलग अलग हिस्सा में अवैध तरीका से रहे वाला बांग्लादेशियन के खिलाफ कार्रवाई तेज हो गइल बा आ एह दौरान दर्जनों अवैध बांग्लादेशी पकड़ाइल बाड़े.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.