[the_ad_group id="30365"]

IIFA 2024 Winners: शाहरुख खान फेर बनले किंग, नांवे कइले ई अवॉर्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंटरनेशनल इंडियन फिल्म अकादमी अवार्ड 2024 यानी आईफा के कई गो बॉलीवुड स्टार अपना मौजूदगी से शोभा बढ़वले। एह कार्यक्रम में रेखा, शाहरुख खान, विक्की कौशल, शाहिद कपूर, अनिल कपूर, बॉबी देओल, रानी मुखर्जी, हेमा मालिनी, कृति सैनन, करण जौहर, जान्हवी कपूर, अनन्या पाण्डेय समेत अनेके सितारा भाग लिहले। रानी के अपना फिलिम मिसेज चटर्जी बनाम नॉर्वे खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार मिलल जबकि किंग खान के अपना फिलिम जवान खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार मिलल। आईं हम पूरा विजेता के सूची बतावत बानी।

देखीं पूरा विनर लिस्ट यहां

  • बेस्ट फिल्म: एनिमल
  • बेस्ट निर्देशक: विधु विनोद चोपड़ा – 12वीं फेल
  • बेस्ट एक्टर (मेल): शाहरुख खान (जवान)
  • बेस्ट एक्ट्रेस (फीमेल): रानी मुखर्जी – मिसेज चटर्जी वर्सेस नॉर्वे
  • बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर (मेल): अनिल कपूर – एनिमल
  • बेस्ट सपोर्टिंग एक्ट्रेस (फीमेल): शबाना आजमी- रॉकी और रानी की प्रेम कहानी
  • बेस्ट परफॉर्मेंस नेगेटिव रोल में- बॉबी देओल – एनिमल
  • बेस्ट सपोर्टिंग एक्ट्रेस (फीमेल): शबाना आजमी- रॉकी और रानी की प्रेम कहानी
  • बेस्ट परफॉर्मेंस नेगेटिव रोल में- बॉबी देओल – एनिमल
  • बेस्ट म्यूजिक डायरेक्शन: प्रीतम, विशाल मिश्रा, मनन भारद्वाज, श्रेयस पुराणिक, जानी, भूपिंदर बब्बल, आशिम केमसन, हर्षवर्द्धन, रामेश्वर- एनिमल
  • बेस्ट प्लेबैक सिंगर (मेल): भूपिंदर बब्बल – अर्जन वैली (एनिमल)
  • बेस्ट प्लेबैक (फीमेल): शिल्पा राव – चालेया (जवान)
  • आउटस्टैंडिग एचीवमेंट इन इंडियन सिनेमा- हेमा मालिनी,
  • वर्ष की बेस्ट नवोदित कलाकार: अलिजेह अग्निहोत्री
  • बेस्ट स्टोरी: इशिता मोइत्रा, शशांक खेतान, सुमित रॉय – रॉकी और रानी की प्रेम कहानी
  • बेस्ट गीत: सिद्धार्थ सिंह और गरिमा वहल – सतरंगा (एनिमल)

शाहरुख खान आ विक्की कौशल कइले डांस 

शाहरुख खान आईफा अवार्ड 2024 के होस्कट कइले रहले। एह दौरान किंग खान आ विक्की कौशल कई गो गीतन पर डांस कइलन। सबसे पहिले तऽ दुनु जने ‘झूमे जो पठान’ पs शानदार डांस कइलन। करण जौहर विक्की आ शाहरुख के साथे मंच पs डांस कइलन। ओकरा बाद दुनु जने मिल के ‘ओ अंटवा’ के प्रस्तुति दिहले। एह दौरान एह लोग के बॉडिंग बहुत मजबूत रहे। एकरा अलावे किंग खान विक्की के संगे ‘तौबा-तौबा’ गाना पs डांस कइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]