[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में IFS अफसर बिल्डिंग से कूद के दिहलस आपन जान, चल रहल बा कई दिन से परेशान

दिल्ली में IFS अफसर बिल्डिंग से कूद के दिहलस आपन जान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के चाणक्यपुरी इलाका में एगो बड़हन घटना घटल बा.  इहाँ आईएफएस के एगो अधिकारी आत्महत्या कs लेले बाड़े। बतावल जा रहल बा कि आईएफएस कई दिन से कवनो बात के चिंता में रहे, जवना के इलाज भी चलत रहे।  अधिकारी आजु भवन से कूद के आपन जान दे दिहलस.  बतावल जाता कि आईएफएस के अधिकारी के नाव जितेंद्र रावत हs अवुरी उs उत्तराखंड के निवासी रहले। बतावल जाता कि उमर 40 साल के आसपास बा।

भवन के छत से कूदके आत्महत्या कs लिहलस

जानकारी के मुताबिक इs घटना आज सबेरे 6 बजे भईल।  आईएफएस जितेन्द्र रावत चाणक्यपुरी के एमईए के आवासीय सोसाइटी भवन के छत से कूद के आपन जान दे देले बाड़े। अधिकारी एमईए के आवासीय सोसाइटी के पहिला मंजिल पs रहत रहले। घटना के समय घर में सिर्फ उनुकर महतारी रहली। अधिकारी के बियाह हो चुकल बा, उनुकर पत्नी अवुरी 2 बच्चा देहरादून में रहेले। अधिकारी कई दिन से डिप्रेशन में रहले अवुरी उनुकर इलाज चलत रहे। 

इहाँ घटना के बारे में जानकारी इs बा कि पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के जांच शुरू कs देले बिया। पुलिस के अबे ले पता नईखे चलल कि अधिकारी आत्महत्या काहें कs लेलस। पुलिस के कहनाम बा कि, अधिकारी के मउत के वास्तविक कारण जांच के बाद ही पता चली। सूत्र के मुताबिक आईएफएस अधिकारी के आत्महत्या के मामला के जांच में पुलिस के कवनो सुसाइड नोट नईखे मिलल।

एह घटना के बाद सबेरे से इलाका में लोग के बीच गरमागरम चर्चा हो रहल बा। एह घटना में केहू पारिवारिक विवाद के बात करत बा तs केहू आफिस के तनाव के बात करत बा.  हालांकि एs घटना के पीछे के सच्चाई के खुलासा पुलिस जांच के बाद ही होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]