[the_ad_group id="30365"]

आईएफएस किशनचंद के तिजोरी: आय से 375 गुना संपत्ति, बेटा के नाव पs स्टोन क्रशन आ मेहरारू के नाव पs स्कूल, हकीकत जान हैरान भइल लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आय से बेसी संपत्ति के ममिला में आईएफएस किशनचंद निम्मन-निम्मन लोग के पीछे छोड़ देले। ऊ एक दू गुना ना बलुक  अपना आय से 375 गुना संपत्ति के मालिक बाड़े। ई खुलासा जांच में विजिलेंस कावर से भइल बा। किशनचंद के खिलाफ चार्जशीट तइयार कs लिहल गइल बा। न्यायालय में दाखिल करे से पहिले फाइल के अनुमति खातिर केंद्र सरकार के भेज दिहल गइल ना। जबकि, राज्य सरकार से अभियोग (मुकदमा) चलावे अनुमति मिल गइल बा।

आईएफएस किशनचंद के खिलाफ विजिलेंस साल 2019 में आय से अधिक संपत्ति राखे के ममिला में जांच सुरू कइले रहे। उनका के कव बेर बयान दर्ज करे ला बुलावल गइल रहे। अब विजिलेंस एह जांच के पूरा कs चुकल बिया। विजिलेंस लमसम 33 करोड़ रुपिया k संपत्ति के खुलासा कइले बिया। एमे से खली सात करोड़ रुपिया के संपत्ति किशनचंद के नाव पs बा। जबकि, बाकी अपना परिजन लो के नाव पs किनल गइल बा।

विजिलेंस के डायरेक्टर अमित सिन्हा बतवले कि उनका खिलाफ जांच पूरा कs लिहल गइल बा। राज्य सरकार अभियोग चलावे के मंजूरी दे देले बिया। बाकिर, आईएफएस अफसर होखला के नाते उनका खिलाफ मुकदमा चलावे खातिर केंद्र सरकार के अनुमति जरूरी बा। अइसे में फाइल के केंद्र सरकार के लगे भेज दिहल गइल बा। ओजा से अनुमति मिलला के बाद चार्जशीट न्यायालय में दाखिल कईल जाई।

बेटा के नाव पs स्टोन क्रशर, मेहरारू के नावे स्कूल 

किशनचंद अपना बेटा के नाव पs अभिषेक स्टोन क्रशर लगवले बाड़े। जबकि, पिरान कलियर में मेहरारू के नाव से बृज इंटरनेशनल पब्लिक स्कूल बनावल गइल बा। मेहरारू के नाव से एगो ट्रस्ट बनावल गइल बा। अपना नावे संपत्ति किनेला  किशनचंद लोन लेले बाकिर अभी ले ओकरा के लवटावल नइखे गइल।

हरिद्वार डीएफओ रहत जमा करवाले लोगन से धनराशि 

किशनचंद एह ट्रस्ट में लोग से बड़ मात्रा में धनराशि जमा करवले बाड़े। ई धन ऊ हरिद्वार के डीएफओ पद पs रहत जमा करवले बाड़े। संगही विजिलेंस चार्जशीट में जिकिर बा कि हरिद्वार डीएफओ रहत लैंसडाउन प्रभाग में लोगन के नौकरी देला के बदला में ओह लो के जमीन आईएफएस किशनचंद अपना नावे करवले बाड़े। एकरा संगही देहरादून बसंत विहार में 2.40 करोड़ के मकान किनले बाड़े। मकान खातिर 60 लाख के ऋण स्कूल के ट्रस्ट से लिहल गइल बा। मेहरारू के खाता से 1.80 करोड़ लिहल गइल बा। एह पईसा के एक दिन पहिले अलग-अलग लोगन से जमा करावल गइल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]