एयर कंडीशनर के अइसे करीं इस्तेमाल तs कम आई बिजली के बिल, रूमो रही ठंडा

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2024

  देश में बढ़त गरमी के चलते जनता के हालत दयनीय हो गईल बा। जब बाहर तपत घाम माथा पs धक्का मार देला तs घर के भीतर के गरमी से हालत अउरी खराब हो जाला।

Share

 

देश में बढ़त गरमी के चलते जनता के हालत दयनीय हो गईल बा। जब बाहर तपत घाम माथा पs धक्का मार देला तs घर के भीतर के गरमी से हालत अउरी खराब हो जाला। एs समय तापमान एतना बढ़ गईल बा कि पंखा अवुरी एयर कंडीशनर के एक संगे इस्तेमाल करे के पड़ता। अयीसना में गरमी से राहत मिलेला बकिर बिजली के बिल के चलते लोग के नींद ना आवेला। इ जान के आपके हैरानी होई, बाकीर एयर कंडीशनर के सही इस्तेमाल कईला पs आपके बिजली के बिल भी कम हो जाई अवुरी आपके कमरा में ठंडा हो जाई। हमनी के एयर कंडीशनर के ठंडा करे के कुछ खास टिप्स बतावत बानी जा, एs उपाय के अपना के आप बिजली के बिल कम कs सकतानी अवुरी एयर कंडीशनर के बेहतर तरीका से इस्तेमाल कs सकतानी।

एयर कंडीशनर के इस्तेमाल एह तरह से करीं:

एयर कंडीशनर के सही तापमान पs सेट करीं: एयर कंडीशनर के हमेशा 24-26 डिग्री सेल्सियस पs राखी। एह तापमान से कमरा में ठंडा भी हो जाला आ बिजली के बिल में भी कमी आवेला।

समय पs सर्विसिंग करा लीं: एयर कंडीशनर के नियमित रूप से सर्विसिंग करा लीं। अगर आपके एयर कंडीशनर के फिल्टर साफ बा तs ऊर्जा के खपत में कमी आवेला अवुरी बिजली के बिल भी कम हो जाला।

कमरा के सील लगा के राखीं: एयर कंडीशनर चलावत घरी अपना कमरा के दरवाजा-खिड़की हमेशा बंद राखीं ताकि बाहर के गरम हवा ना आवे अवुरी कमरा जल्दी ठंडा हो सके।

 सही साइज के एयर कंडीशनर चुनीं: अपना घर के हॉल अवुरी बेडरूम खातीर सही साइज के एयर कंडीशनर चुनी। जईसे कि बेडरूम में एगो बड़ एयर कंडीशनर कमरा के तुरंत ठंडा कs देवेला बाकीर बार-बार चालू अवुरी बंद होखे के चलते एकरा में जादे ऊर्जा के खपत होखेला।

घर में सूरज के रोशनी ना आवे दीं : दुपहरिया में सूरज के रोशनी जादा होखेला, एहसे पर्दा के इस्तेमाल करीं ताकि सूरज के रोशनी कमरा में ना आवे। एहसे कमरा के तापमान कम रही अवुरी एयर कंडीशनर के बार-बार चालू ना करे के पड़ी।

ऊर्जा बचत मोड के इस्तेमाल करीं: अगर आपके एयर कंडीशन में ऊर्जा बचत मोड बा, तs एकर इस्तेमाल जरूर करीं। एह मोड के इस्तेमाल से लाइट के बिल कम हो जाला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.