[the_ad_group id="30365"]

भक्ति सांच होखे तs पलभर में मनोकामना होला पूरा : कथावाचक देवकीनंद 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के कुचायकोट प्रखंड के खुटवनिया गांव में चल रहल सात दिवसीय महा रुद्र महायज्ञ से पूरा माहौल भक्तिमय हो गइल बा। हर-हर महादेव, जय श्रीराम के जयघोष से पूरा इलाका गुंजायमान हो गइल बा। ओहिजा, अंतरराष्ट्रीय कथावाचक देवकीनंद ठाकुर के प्रवचन के सुने खातिर लोगन के हुजूम उमड़ पड़ल बा। प्रवचन सुनावत घरी देवकी नंद ठाकुर बतवलें कि परमात्मा भक्तन से असीम स्नेह रखेलें। भक्ति सांच होखे तs पलभर में मनोकामना पूरा करलें।

एकरा खातिर मनुष्य के मोह के त्याग कs के भक्ति करे के चाहीं। अइसन करे से परमात्मा के आश्रम में आवे वाला अज्ञानी ज्ञान वान बन जाला। परमात्मा के दिहल ज्ञान कबो वापस ना जाला। एकरा संगही ऊ कहलें कीईश्वर सृष्टि के रचयिता हवे। उनका प्रति सभे के अटूट आस्था रखे के चाहीं।

ऊ आगे कहलें कि धरम हमनी के जिनगी में सही रास्ता पs चले के प्रेरणा देला। आज एह पंडाल में जेतना लोग मवजूद बा। आपन सारा काम भा कहे तs मोह माया के त्याग कs के आइल बा। ताकि कथा सुनके अपना जिनगी में कुछ बदलाव कs सके। ओहिजा कुछ अइसन लोग बा जे ई सोचत बा कि हमार ई काम बा, ऊ काम बा बाकिर ई काम कबो ओराए वाला नइखे। ई सब माया के बाजार हs।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]