[the_ad_group id="30365"]

29 जिलन में हीटवेव-आंधी के अलर्ट: बिपरजॉय MP के तरफ मुड़ल तs यूपी में होई बरखा; झांसी-प्रयागराज सबसे गरम शहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में गरमी के कहर जारी बा। प्रदेश के सभे 75 जिलन के अधिकतम तापमान 40°C के पार चला गइल बा। फिलहाल, अभी एकरा से राहत नइखे मिले वाला। काहेकि, मौसम विभाग 48 घंटा के अलर्ट जारी कइले बा। मौसम विभाग कहले बा कि आज 29 जिलन में हीटवेव आ तेज आंधी चल सकत बा। मंगर के बात करीं, तs झांसी 45.9°C के साथ सबसे गरम शहर रहल। एकरा बाद प्रयागराज के अधिकतम तापमान 45.4°C रिकॉर्ड कइल गइल।

बिपरजॉय से मानसून आवे में हो सकत बा देरी

CSA यूनिवर्सिटी के मौसम विज्ञानी डॉ. SN सुनील पांडेय बतवलें कि बिपरजॉय तूफान 17 जून तक कराची के तरफ लैंड कs सकत बा। अगर तनिको मध्य प्रदेश के तरफ मुड़ गइल, तs यूपी में बरखा हो सकत बा। तूफान के वजह से केरल में मानसून अटक के रह गइल बा। दक्षिणी पश्चिमी हवा तूफान के वजह से आगे नइखे बढ़ पा रहल। एकरा वजह से यूपी में मानसून 2 भा 3 दिन आउर देर से आ सकत बा।

हीटवेव के साथ आंधी के अलर्ट वाला 29 शहरन के जानीं 

जवना शहरन में आंधी आ हीटवेव के अलर्ट जारी कइल गइल। ओमे सहारनपुर, शामली, मुजफ्फरनगर, बागपत, मेरठ, रामपुर, बरेली, पीलीभीत, मथुरा, झांसी, जालौन, हमीरपुर, महोबा, ललितपुर, आगरा, फतेहपुर, बांदा, कौशांबी, चित्रकूट, प्रतापगढ़, जौनपुर, प्रयागराज, मिर्जापुर, वाराणसी, गाजीपुर, मऊ, बलिया, सोनभद्र आ चंदौली सामिल बा।

11 शहरन के तापमान 44°C पार

मंगर के प्रदेश के 11 शहर अइसन रहल, जवना के अधिकतम तापमान 44°C के पार कर गइल। एमें आगरा, बांदा, चंदौली, चित्रकूट, फुर्सतगंज, हमीरपुर, कानपुर, मथुरा-वृंदावन, प्रयागराज, वाराणसी, झांसी सामिल बा। मौसम वैज्ञानिकन के मानल जाव तs कुछ जिलन में बादलन के आवाजाही बनल रही। एकरा वजह से रात के तापमान चढ़ी। सांझ के बेरा कानपुर मंडल में आंधी आ तेज हवा अगिला 48 घंटा तक चल सकत बा।

यूपी के सबसे गरम जिलन के तापमान

जिला अधिकतम न्यूनतम
आगरा 44.5°C 30.3°C
चित्रकूट 44.4°C 32.6°C
झांसी 45.9°C 31.1°C
कानपुर 44.6°C 33.0°C
प्रयागराज 45.4°C 31.6°C
वाराणसी 44.5°C 31.0°C
मथुरा 44.2°C 33.4°C

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]