[the_ad_group id="30365"]

बर्फीला बेयार अउर गलन भरल ठंड से यूपी भइल बेहाल, अयोध्या सबसे सर्द रहल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बर्फीला बेयार उत्तर प्रदेश के भी गलन भरल ठंड से बेहाल कइल शुरू कs दिहले बा। पिछले 24 घंटा में तमाम शहर में अधिकतम अउर न्यूनतम पारा में भी भारी गिरावट दर्ज कइल गइल बा।

प्रदेश में अयोध्या सबसे ठंडा रहल। इहां मंगर के न्यूनतम तापमान 4.5 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल। उहवें, अधिकतम तापमान 18.5 डिग्री पहुंच गइल। ई सामान्य से करीब 2.7 डिग्री सेल्सियस कम बा। राजधानी लखनऊ में भी बर्फीला ठंड दस्तक दिहले बा।

दिन के न्यूनतम पारा 6.6 डिग्री दर्ज भइल, जबकि अधिकतम तापमान सामान्य से 5 डिग्री कम लुढ़कल, ई 17.1 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। उहवें, अमेठी के फुर्सतगंज में न्यूनतम तापमान 5.4, बाराबंकी में 6.4, बहराइच में 8 अउर गोंडा में 9 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

उत्तर भारत में घन कोहरा के चेतावनी

पश्चिमी यूपी, पंजाब, हरियाणा, उत्तरी राजस्थान अउर दिल्ली में अगिले 24 घंटा के दौरान कड़ाके के ठंड पड़ी। भारतीय मौसम विज्ञान विभाग कहलस कि एह दौरान कहीं घन त कहीं बहुत घन कोहरा रही। तीन-चार दिन बादे शीतलहर अउर कोहरा से कुछ राहत मिल सकsता। राजस्थान के चुरू में न्यूनतम तापमान मंगर के 0.5 डिग्री रहल। सोमवार के इहां तापमान शून्य डिग्री रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]