[the_ad_group id="30365"]

7 साल बाद भारत आइल पाकिस्तान क्रिकेट टीम: वर्ल्ड कप में हिस्सा लेवे हैदराबाद पहुंचल स्क्वॉड, आखिरी बार 2016 में आइल रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बाबर आजम के अगुआई में पाकिस्तान क्रिकेट टीम वनडे वर्ल्ड कप में हिस्सा लेवे बुध के भारत पहुंचल। पाकिस्तानी टीम के स्वागत खातिर हैदराबाद के राजीव गांधी इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs क्रिकेट फैंस आ सुरक्षा अधिकारियन के भारी भीड़ जमा रहे। टीम पाकिस्तान से दुबई के रास्ते हैदराबाद पहुंचल।

ई 7 साल में पहिला बेर बा, जब पाकिस्तान क्रिकेट टीम भारत आइल बिया। एकरा पहिले टीम 2016 में टी-20 वर्ल्ड कप खेले खातिर भारत आइल रहे।

पाकिस्तान आपन सुरुआती 2 मैच हैदराबाद में खेली 

वनडे वर्ल्ड कप के सुरुआत 5 अक्टूबर से होखे के बा। पहिला मुकाबला अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में इंग्लैंड आ न्यूजीलैंड के बीच होखे के बा। पाकिस्तान टीम वर्ल्ड कप में अपना अभियान के सुरुआत 6 अक्टूबर के नीदरलैंड के खिलाफ करी। ओहिजा दूसरको मैच हैदराबाद में श्रीलंका के खिलाफ खेली।

पाकिस्तान की टीम वर्ल्ड कप प्रैक्टिस मैच में 29 सितंबर के हैदराबाद में न्यूजीलैंड से भिड़ी। ओहिजा टीम के दूसरका प्रैक्टिस मैच एही शहर में 3 अक्टूबर के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बा।

14 अक्टूबर के भारत आ पाकिस्तान के बीच हाईवोल्टेज मुकाबला अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाये के। बा।

2012-13 के बाद पाकिस्तान बाइलैटरल सीरीज खातिर नइखे कइले भारत के दौरा

पाकिस्तान टीम टीम इंडिया के संगे वनडे आ टी-20 के बाइलैटरल सीरीज खातिर 2012-13 में भारत के दौरा कइले रहे। ओकरा बाद दुनो टीम बाइलैटरल सीरीज खातिर एक-दूसरा के इहां दौरा ना कइलस। 25 दिसंबर 2012 आ 6 जनवरी 2013 के बीच भारतीय दौरा पs आइल पाकिस्तान टीम तीन वनडे आ 2 टी-20 मैचन के सीरीज खेलले रहे। हालांकि पाकिस्तान टीम 2016 में टी-20 वर्ल्ड कप खातिर भारत आइल रहे।

वर्ल्ड कप में खेलल जाई 48 मुकाबला

भारत में अक्टूबर-नवंबर में 46 दिन तक वनडे वर्ल्ड कप होई, जेमे 48 मैच खेलल जाई। पहिला मैच 5 अक्टूबर के पिछला वर्ल्ड कप के विजेता आ उप-विजेता इंग्लैंड आउर न्यूजीलैंड के बीच अहमदाबाद में होई। 12 नवंबर तक लीग स्टेज के 45 मैच होई। 15 आ 16 नवंबर के 2 सेमीफाइनल आ 19 नवंबर के अहमदाबाद में फाइनल खेलल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]