Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IAMAI ऑनलाइन गेमिंग पs 28 प्रतिशत जीएसटी के प्रस्ताव के कइलस विरोध

464

इंटरनेट एंड मोबाइल एसोसिएशन ऑफ इंडिया (आईएएमएआई) ऑनलाइन गेमिंग पs 28 प्रतिशत के दर से गुड्स एंड सर्विसेज (जीएसटी) टैक्स लगावे के प्रस्ताव के विरोध कईले बिया। उद्योग निकाय कहलस कि ऑनलाइन गेमिंग के तुलना जुआ, सट्टेबाजी अउरी शर्त लगवला से कईल सुप्रीम कोर्ट के फैसला के भावना के खिलाफ बा। आईएएमएआई एगो बयान जारी कs के सरकार से निहोरा कईले बा कि उ ऑनलाइन गेमिंग प 18 प्रतिशत के दर से कर लगावे के काम जारी राखे आ कहलस कि एह गेम से मिलेवाला पूरा राजस्व पs 28 प्रतिशत टैक्स लगवला से टैक्स के बोझ बढ़ के 55 प्रतिशत हो जाई। जीएसटी काउंसिल में ऑनलाइन गेमिंग, हॉर्स रेसिंग अउरी कैसीनो पs 28 प्रतिशत के टैक्स लगावे के प्रस्ताव राखल गईल बा।

291450cookie-checkIAMAI ऑनलाइन गेमिंग पs 28 प्रतिशत जीएसटी के प्रस्ताव के कइलस विरोध

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.