[the_ad_group id="30365"]

हम जहर खा लेनी’: बुआ-चाचा के फोन कऽ के युवक कहलस इ बात, ओकरा बाद…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोंडागांव जिला के माकड़ी थाना क्षेत्र के गांव जड़कोना में रहेवाला युवक अपना खेत में जहर खा के आत्महत्या कऽ लेलस। जहर खइला के बाद उऽ अपना बुआ -चाचा के फोन पs बतवले कि जहर खा लेले बानी। पीड़ित युवक के इलाज खातिर मेकाज में भर्ती करावल गइल, जहां इलाज के दौरान युवक के मौत हो गइल।

मामला के जानकारी देत परिवार के लोग पुलिस के बतवले कि जड़कोना निवासी राहुल सोरी पिता सोमारू सोरी 17 सितंबर के सबेरे अपना खेत में गइल रहले। जहां उऽ अपना बुआ सरिता के फोन पs बतवले कि खेत में जहर खा लेले बाड़े। एकरा अलावे उऽ अपना चाचा जीवन साहू के फोन कऽ के जहर खाए के बारे में भी जानकारी देले, जेकरा बाद परिवार खेत में पहुंचल, जहां युवक के मुंह से झाग निकलत देख के ओकरा के कोंडागांव अस्पताल पहुंचावल गइल। जहां से 19 सितंबर के मेकाज ले आवल गइल। इलाज के दौरान युवक के मौत हो गइल। जेकरा बाद लाश 25 सितंबर के पोस्टमार्टम के बाद परिजन के सौंपल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]