[the_ad_group id="30365"]

देस के सबसे बड़ IPO ले आवे के तइयारी में हुंडई : कोरियाई कंपनी के भारतीय यूनिट जुटाई ₹25,000 करोड़, अक्टूबर में आ सकत बा इश्यू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साउथ कोरिया के कंपनी हुंडई के भारतीय यूनिट हुंडई मोटर इंडिया भारतीय बाजार में लिस्ट होखे के तइयारी में बा। कंपनी दिवाली के अगल-बगल अक्टूबर-नवंबर में IPO ले आ सकत बा। एह तइयारी से जुड़ल लोगन के मोताबिक, कंपनी करीब 2.5 लाख करोड़ रुपिया के वैल्यूएशन पs लगभग 10% हिस्सेदारी बेची।

एह हिसाब से प्रस्तावित IPO करीब 25 हजार करोड़ रुपिया के होई। अइसन भइल तs ई देस में अब तक के सबसे बड़ IPO होई। 2022 में सरकार LIC में अपना 3.5% हिस्सेदारी बेचले रहे। एकरा खातिर करीब 21 हजार करोड़ रुपिया के IPO ले आवल गइल रहे।

चउथा बड़ लिस्टेड ऑटो कंपनी होई 

IPO खातिर हुंडई मोटर इंडिया के कइयन बैंकन से बात चल रहल बा। अगर हुंडई मोटर इंडिया शेयर मार्केट में लिस्ट होत बिया तs ई मारुति-सुजुकी, टाटा मोटर्स, महिंद्रा एंड महिंद्रा के बाद चउथा बड़ ऑटोमोबाइल कंपनी होई। हुंडई मोटर इंडिया मारुति के बाद देस के दूसरका सबसे बड़ कार कंपनी हिया।

जनवरी में हुंडई के बिक्री 14% बढ़ल

हुंडई मोटर इंडिया के थोक वाहन बिक्री जनवरी 2024 में सालाना आधार पs 8.5% बढ़न्ती के संगे 67,615 यूनिट रहल। कंपनी के घरेलू बिक्री सालाना आधार पs 14% बढ़न्ती के संगे 57,115 यूनिट रहल। जनवरी 2023 में घरेलू बिक्री 50,106 यूनिट रहे। एक्सपोर्ट के बात करीं तs हुंडई जनवरी 2024 में भारत से 10,500 यूनिट दोसर देसन के भेजलस। ई आंकड़ा सालाना आधार पs 14% कम बा। जनवरी 2023 में कंपनी 12,170 यूनिट के एक्सपोर्ट कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]