[the_ad_group id="30365"]

हुंडई-किआ अमेरिका में 34 लाख कार वापस बोलवलस: ब्रेक फ्यूज में खराबी से आग लाग सकत बा, गाड़ियन के बाहर पार्क करे के सलाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हुंडई आ किआ अमेरिका में लगभग 34 लाख व्हीकल्स रिकॉल कइले बा। इंजन कंपार्टमेंट में आग लगला के रिस्क के कारण अइसन कइल गइल बा। कंपनी व्हीकल ओनर्स से कहले बिया  कि ऊ आपन गाड़ियन के बाहरे पार्क करे लो ।रिकॉल में 2010 से 2019 के बीच के कइयन गो व्हीकल मॉडल सामिल बा। एमे हुंडई के सांता फ़े एसयूवी आ किआ के सोरेंटो एसयूवीयो बा।

यूएस नेशनल हाइवे ट्रैफिक सेफ्टी एडमिनिस्ट्रेशन के ओर से बुध के पोस्ट कइल गइल डॉक्यूमेंट में कहल गइल बा कि एंटी-लॉक ब्रेक कंट्रोल मॉड्यूल तरल पदार्थ के रिसाव कs सकत बा। एसे इलेक्ट्रिकल शॉर्ट हो सकत बा आ व्हीकल पार्क करत घरी भा व्हीकल चलावत घरी आग लाग सकत बा। अइसन में किआ आ हुंडई एंटी-लॉक ब्रेक फ्यूज फ्री में बदली।

हुंडई के 21 तs किआ के 10 गाड़ियन में लागल आग

किआ 14 नवंबर से व्हीकल्स ओनर्स के एंटी-लॉक ब्रेक फ्यूज बदले खातिर नोटिफिकेशन लेटर भेजी। हुंडई खातिर ई तारीख 21 नवंबर बा। हुंडई अमेरिका में प्रभावित वाहनन में आग लागे के 21 घटना रिपोर्ट कइलस। धुआं, जरे भा पार्ट के पिघले जइसन थर्मल इंसिडेंट के 21 घटना सामने आइल। किआ फाय आ मेल्टिंग के 10 घटनाएं रिपोर्ट कइलस।

सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर व्हीकल्स रिकॉल 

ऑटोमेकर कहलस कि ऊ अपना ग्राहकन के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर व्हीकल्स रिकॉल कs रहल बा। ओनर www.nhtsa.gov/recalls पs जा सकत बा लो  आ आपन 17-अंकीय वाहन पहचान नंबर दर्ज कs के देख सकत बा लो कि ओह लोगन के वाहन प्रभावित भइल बा कि ना।

किआ मॉडल जवना के रिकॉल कइल गइल 

बोर्रेगो (2010 से 2019 मॉडल), कैडोजा (2014 से 2016 मॉडल), फोर्ट, फोर्ट कूप आ स्पोर्टेज (2010 से 2013 मॉडल), K900 (2015 से 2018 मॉडल), ऑप्टिमा (2011 से 2015 मॉडल), ऑप्टिमा हाइब्रिड आ सोल (2011 से 2013 मॉडल), रियो (2012 से 2017 मॉडल), सोरेंटो (2011 से 2014 मॉडल), रोंडो (2010 से 2011 मॉडल)।

हुंडई मॉडल जवना के रिकॉल कइल गइल 

एलांट्रा, जेनेसिस कूप आ सोनाटा हाइब्रिड (2011 से 2015 मॉडल), एक्सेंट, अज़ेरा आ वेलोस्टर (2012 से 2015 मॉडल), एलांट्रा कूप आ सांता फ़े (2013 से 2015 मॉडल), इक्वस (2014 से 2015 मॉडल), वेराक्रूज़ (2010 से 2012 मॉडल), टूशॉ (2010 से 2013), 2015 टूशॉ फ्यूल सेल आ 2013 सांता फ़े स्पोर्ट मॉडल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]