[the_ad_group id="30365"]

बिहार पुलिस में होई बंपर भर्ती, जल्दिये लिहल जाई 75, 541 पदन पs भर्ती खातिर आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना: बिहार पुलिस के वैकेंसी के इंतजार कर रहल अभ्यर्थियन खातिर बड़ खबर बा। बिहार में जल्दिये 75000 से बेसी पुलिसकर्मियन के सरकार बहाल करे जा रहल बिया। एकरा के लेके जल्दिये राज्य सरकार अधिसूचनो जारी कs दी। अब ओइसन अभ्यर्थी जे लमहर समय से सब इंस्पेक्टर आ कांस्टेबल के भर्ती खातिर तइयारी में जुटल बा लोग; ओकरा एह बहाली में भाग लेवे के मवका मिल सकी।

एह संबंध में बिहार के उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव आधिकारिक तौर पs जानकारी दे देले बाड़ें। डिप्टी सीएम बिहार पुलिस बंपर भर्ती के लेके जानकारी साझा करत कहले कि जलदिये राज्य पुलिस में 75,543 पदन पs पुलिसकर्मियन के सीधी भर्ती कइल जाई। तेजस्वी यादव बतवलें कि बिहार पुलिस के सुदृढ़ीकरण आ जनसंख्या के अनुपात में आवश्यकता आधारित नियुक्ति करे खातिर 75,543 पदन पs पुलिसकर्मियन के सीधा भर्ती होई।

जानकारी के मोताबिक, 75,543 पदन पs होखे वाला भर्ती में रिक्तियन के अधिकतम संख्या कॉंस्टेबल आ सब-इंस्पेक्टर (एसआइ) पदन के हो सकत बा। हालांकि, आधिकारिक सूचना खातिर उम्मीदवारन के बिहार पुलिस के आधिकारिक वेबसाइट पs समय-समय पs विजिट करत रहे के होई।

सबसे महत्वपूर्ण डायल 112 के पहिला चरण खातिर पुलिस संवर्ग आ गैर पुलिस संवर्ग के कुल 7808 पदन के सृजन खातिर स्वीकृति कैबिनेट में दिहल गइल बा। एकरा संगही प्रति एक लाख के आबादी पs पुलिस के संख्या बढ़ावे के लेके सरकार काम कर रहल बिया।

बढ़ती जनसंख्या के मद्देनजर सीधा नियुक्ति के 48447 पद आ दुसरा चरण के 19288 पद समेत कुल 67735 पदन के सृजन के स्वीकृति दिहल कुल मिलाके कैबिनेट से डायल 112 मिलाके टोटल 75 हजार से बेसी नया पदन के स्वीकृति दिहल गइल बा।

साभार: न्यूज 18

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]