[the_ad_group id="30365"]

दक्षिणांचल के सुप्रसिद्ध विसर्जन मेला में उमड़ल लोगन के भीड़, 100 से बेसी झांकियन के भइल प्रदर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सनीचर के दक्षिणांचल के सुप्रसिद्ध विसर्जन मेला में हजारो लोग के भीड़ उमड़ पड़ल। पिछला दु साल कोरोना के कारण स्थगित मेला के बाद अबकी बेर पुजा समिति आ दर्शकन में बहुते उत्साह देखे के मिलल। विसर्जन जुलूस में रामायण महाभारत के पात्रन से संबंधित झांकियन, देशभक्ति आ सामाजिक ताना बाना प आधारित 100 से बेसी झांकियन के प्रदर्शन के देखे के मिलल। खाली अगल-बगल के प्रखंडे से ना बलकु अगल-बगल के जिलन से लोग आवेला।

बतावत चली कि बंसल के रघुनाथपुर प्रखंड के दु गांव मुरारपट्टी आ नरहन से दुर्गा पूजा के बाद विसर्जन जुलूस के दौरान झांकियन के प्रदर्शन के परंपरा बहुत पुरान बा। जवना के देखे खातिर दूर दूर से लोग आवेला। कुछ लोग त दूर होखला के वजह से रघुनाथपुर बाजार के अगरी-कगरी कवनो रिश्तेदार के लगे पहिलही पहुंच जाला लो। जुलूस में अत्यधिक भीड़ होखला के वजह से दुकानदार लोगन के चांदी रहेला।

सनीचर के रघुनाथपुर पंचायत के मुरार पट्टी जुल्फों सॉन्ग स्कूल सफल करावे कहती स्थानीय प्रशासन आ जिला प्रशासन के ओर से पर्याप्त मात्रा में पुलिस बल के, दंडाधिकारी आ पुलिस पदाधिकारियन के तैनाती कइल रहे। ओहिजा बीडीओ अशोक कुमार, सीओ अशोक कुमार मिश्र आ थानाध्यक्ष मो तनवीर आलम विसर्जन जुलूस के दौरान क्षेत्र में लगातार गश्त करत देखल गइल आ स्थिति प नजर बनावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]