[the_ad_group id="30365"]

अर्पिता मुखर्जी के दावा: पइसा हमार नाइ, हमरे नाइ रहले पs  रखल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के शिक्षक भर्ती घोटाले में गिरफ्तार अर्पिता मुखर्जी बड आरोप लगवलें बाड़ी। उ कहली कि हमरे घर से जब्त कइल गइल पैसा हमार नाइ ह। उ दावा कइलीं कि ई पैसा हमरे रमौजूदगी में उहां रखल गइल रहल। दरअसल, कुछ दिन पहिले अर्पिता मुखर्जी के ठिकाना से करीब 50 करोड़ से ज्यादा रुपया बरामद भइल। एसे पहिले पार्थ चटर्जी दावा कर चुकल बानें कि पैसा उनकर नाइ ह। चटर्जी शुक्रवार के कहलें कि उ ‘‘साजिश का शिकार’’ भइल बानें।

एसे पहिले सोमवार के ईडी कहले रहे कि घोटाला के आरोप में गिरफ्तार पार्थ चटर्जी जांच में सहयोग नाइ क रहल बानें। एक अधिकारी सोमबार के बतवले कि चटर्जी कथित स्कूल भर्ती घोटाला के जांच के संबंध में ईडी के ज्यादातर सवाल के जवाब नाइ देहलें बानें। पूछताछ के दौरान ज्यादातर वक्त उ चुप ही रहलें। ऊ गिरफ्तारी के बाद से ही हमनी के साथ सहयोग नाइ क रहल बानें। हमनी के एह धन के स्रोत के बारे में पता लगा रहल बानीं जा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]