[the_ad_group id="30365"]

कोतवाली में मेहरारू ,सिपाही मरद आ सौतन के हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  • एक-दूसरा पs पति के अपना कब्जा में राखे के लगावल लो  आरोप
  • पत्नी सिपाही के परिवार आलन पs प्रताड़ित करे के कइली शिकायत

रुद्रपुर। कोतवाली में अतवार के सांझ के ओ समे माहौल गरम गइल, जब एगो सिपाही, ओकर मेहरारू आ सौतन हंगामा करे लागल लो। दुनो महिला एक-दोसरा पs मरद के अपना कब्जा में राखे के आरोप लगाके कहासुनी करत रहे लो। ममिला बिगड़त देखके पुलिस दूनो महिला लो के समझा-बुझा के शांत करवलस। सिपाही के मेहरारू के तहरीर पs पुलिस ममिला के जांच में जुटल बा। महिला अपना मरद के घर आलन पs मरद के दोसर बियाह रचावे आ प्रताड़ित करे के आरोप लगा रहल बाड़ी।

घटना क्षेत्र के करौंदी गांव के हs। गांव के महिला पुलिस के तहरीर देके बतवली कि उनकर मरद आजमगढ़ जिला में पुलिस पद पs तैनात बाड़े। महिला के अनुसार उनकर बियाह के आठ साल बाद उनका मरद के मौत हो गइल। ओकरा बाद घर के लोग उनके छोटे भाई से बरिस 2020 में दहेज देके बियाह करा दिहल लो। जे आजमगढ़ में सिपाही पद पs तैनात बा। महिला के आरोप बा कि अब घरवाला सिपाही पति के दोसर बियाह करा देले बा लो। अतवार के भोरे दूसरका बियाह आला मेहरारू जब करौंदी गांव पहुंचली तs हंगामा होखे लागल। महिला कोतवाली पहुंच के शोर मचाने लगली। एही दौरान उनकर सिपाही मरद आ कथित दूसरको मेहरारू पहुंच गइली। कोतवाली में मेहरारू पति आ सौतन के खूब ड्रामा चलल। कोतवाली में भीड़ लाग गइल। पुलिस हंगामा कs रहल लोग के शांत करवलस। मरद के पुलिस चालान कs देलस। कोतवाल विजय सिंह ने कहले कि करौंदी गांव के रहे आला गौरव यादव के शांतिभंग के आरोप में चालान कs देलस। ममिला के छानबीन कइल जा रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]