Bareilly : मौलाना तौकीर रजा के पुलिस लिहलस हिरासत में, समर्थक लो कऽ रहल बाड़े प्रदर्शन- बरेली में हाई अलर्ट 

Protest

Share

इस्लामिया ग्राउंड के साथहि मौलाना के आवास समेत प्रमुख सड़कन पऽ पुलिस बल तैनात कऽ दिहल गइल बा। स्कूलन में आधा दिन के छूटी देके लइकन के घरे भेज दिहल गइल बा। सहर के बीच में स्थित रोडवेज बस अड्डा में बस सन के आवाजाही बंद कऽ दिहल गइल बा। बस सन के बाहर से निकालल जाता। बता दी कि सुक के नमाज के बाद सामूहिक गिरफ्तारी देवे के एलान पऽ पुलिस परसासन अलर्ट रहे। इस्लामिया ग्राउंड के साथहि मौलाना के आवास समेत प्रमुख सड़कन पऽ पुलिस बल तैनात कऽ दिहल गइल रहे।

सड़कन पऽ उमड़ल लोग

मौलाना तौकीर रजा खुदे सामूहिक गिरफ्तारी के एलान कइले रहस। अब उनकर समर्थन बरेली के मुस्लिम समुदाय के लोग सड़क पऽ उतर आइल बा। सब लोग गिरफ्तारी देवे के मांग पऽ अड़ल बा। ओहिजा मौलाना कहले हऽ कि शांतिपूर्ण ढंग से गिरफ्तारी देवे के बा।

मौलाना बोलले- सुप्रीम कोर्ट के आदेश के हनन होत बा

तौकीर रजा कहले हऽ कि सुप्रीम कोर्ट के अधिकारन के हनन हो रहल बा। जदि केहू अपराधी बा तऽ ओकरा मकान, मदरसा आ मस्जिद पऽ बुलडोजर काहे चलावल जाता। हम एकर विरोध करब। कहले हऽ, हम आपन रक्षा खुद से करब, एकर हमरा लगे अधिकार बा। जदि कोई हमरा पऽ हमला करी तऽ हम ओकरा के जान से मार देब। कहले हऽ, पुलिस आ हिंदूवादी दल मुल्क के बर्बाद कर रहलऽ बा। एकरा खिलाफ बरेली से अभियान शुरू कर रहल बानी जवन पूरा देश मे चलावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-