[the_ad_group id="30365"]

Bharat Bandh: अग्निपथ योजना के विरोध में सोमार (आज) के भारत बंद, कई राज्यन में स्कूल बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत बंद के मद्देनजर देश के कई राज्यन में स्कूल-कॉलेज बंद

सोमार के भारत बंद के मद्देनजर कइयन गो राज्यन में सुरक्षा के कारण स्कूल-कॉलेज के बंद कs दिहल गइल बा।स्कूली शिक्षा आ साक्षरता सचिव राजेश शर्मा बतवले कि कुछ संगठनन द्वारा आहूत भारत बंद के मद्देनजर, झारखंड में सब स्कूल 20 जून के बंद रही। ऊ आगे बतवले एहतियात के तौर पs ई निर्णय लिहल गइल बा। एही तरे बिहारो में स्कूल बंद कs दिहल गइल बा। मालूम होखे कि 20 जून से गर्मी के छुट्टी के बाद स्कूल खुले वाला रहे, बाकिर जवना तरे से हिंसा आ तोड़फोड़ के खबरें आ रहल बा, ओकरा मद्दे नजर स्कूल के बंद करे के निर्णय लिहल गइल बा।

केरल बढ़ावल गइल सुरक्षा

20 जून के भारत बंद के आह्वान के बीच, केरल पुलिस बतवलस कि सार्वजनिक संपत्ति के क्षति पहुंचावे भा हिंसा में शामिल होखे वाला कवनो आदमी के गिरफ्तार करे खातिर पूरा पुलिस बल तैनात रही। राज्य के पुलिस प्रमुख अनिल कांत सार्वजनिक हिंसा आ बेवसायिक प्रतिष्ठानन के जबरन बंद करवला के खिलाफ कर्मियन के दिशा निरदेस जारी कइले बाड़े। कांत जिलन के पुलिस प्रमुखन के निरदेस देले कि 20 जून के अदालतन, केरल राज्य बिजली बोर्ड के कार्यालयन, परिवहन निगम आ निजी बसन आ सरकारी कार्यालयन के सुरक्षा सुनिश्चित कइल जाव।

कइयन गो ट्रेन रद्द

अग्निपथ योजना’ के खिलाफ जारी प्रदर्शन के कारण पूर्वी रेलवे अतवार के कोलकाता आ पश्चिम बंगाल के बाकी क्षेत्रन के जोड़े वाला 29 ट्रेनन के रद्द कs देलस। जबकि बिहार के विभिन्न हिस्सन में, महाराष्ट्र के बांद्रा आ गुजरात के अहमदाबाद से चले वाला सात ट्रेनन के रद्द कs दिहल गइल बा, जबकि दु गो ट्रेनन के मार्ग में कटौती कइल गइल बा।

अग्निपथ योजना के विरोध खातिर नवहन के उकसावे के आरोप में पांच गिरफ्तार

उत्तर प्रदेश के सहारनपुर जिला में अग्निपथ योजना के खिलाफ कथित तौर पs नवहन के आंदोलन खातिर  उकसावे के आरोप में पुलिस पांच लोगन के गिरफ्तार कइले बिया। पुलिस के दावा बा कि पकड़ल गइल पांचो नवहा अलग-अलग राजनीतिक दलन के कार्यकर्ता बाड़े।

अग्निपथ के आवेदकन के शपथ पत्र देवे के होई 

अग्निपथ योजना के तहत सशस्त्र बलन में भर्ती होखे के आकांक्षी सभे आवेदकन के ई शपथ पत्र देवे के होई कि ऊ कवनो प्रदर्शन, आगजनी भा तोड़फोड़ में शामिल नइखे रहल लो। सेना के तीनों अंग थलसेना, वायुसेना आ नौसेना में भर्ती के नाया योजना के खिलाफ हिंसक प्रदर्शन होखला के बीचे सैन्य मामलन के विभाग में अतिरिक्त सचिव लेफ्टिनेंट जनरल अनिल पुरी के ई टिप्पणी आइल बा।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]