हावड़ा स्टेशन पर 2.54 करोड़ के सोना जब्त, ऑपरेशन सतर्क में एक तस्कर गिरफ्तार

By Gaurav Mani Tripathi

Published on: Nov 9, 2026

कोलकाता: पश्चिम बंगाल के हावड़ा रेलवे स्टेशन पर रेलवे सुरक्षा बल (आरपीएफ) के जवान लोग ऑपरेशन सतर्क के तहत बड़ कार्रवाई कइले बाड़ें। एह कार्रवाई में एगो यात्री के हिरासत में लेके ओकरा लगे से

Share

कोलकाता: पश्चिम बंगाल के हावड़ा रेलवे स्टेशन पर रेलवे सुरक्षा बल (आरपीएफ) के जवान लोग ऑपरेशन सतर्क के तहत बड़ कार्रवाई कइले बाड़ें। एह कार्रवाई में एगो यात्री के हिरासत में लेके ओकरा लगे से करीब 1.742 किलोग्राम सोना बरामद कइल गइल। जब्त सोना के कुल कीमत 2 करोड़ 54 लाख 64 हजार 556 रुपिया बतावल जा रहल बा। पुलिस एह मामला में ओडिशा के रहे वाला एगो 36 साल के यात्री के गिरफ्तार कइले बिया।

रेलवे स्टेशन पर एतना बड़ मात्रा में सोना बरामद होखला के बाद सुरक्षा एजेंसियन में हलचल मच गइल बा। अधिकारी लोग अब एह बात के जांच करत बा कि सोना कहां से लावल गइल रहे आ एकरा के कहां पहुंचावे के योजना रहे।

खुफिया सूचना पर आरपीएफ कइल कार्रवाई

पूर्व रेलवे के आरपीएफ अपराध आसूचना शाखा (सीआईबी) के टीम 6 नवंबर के खुफिया सूचना के आधार पर ई कार्रवाई कइलस। जानकारी मिलल रहे कि कामाख्या-पुरी एक्सप्रेस (15644 डाउन) से एगो यात्री संदिग्ध सामान लेके सफर करत बा।

सूचना मिलते आरपीएफ के जवान हावड़ा स्टेशन पर निगरानी बढ़ा देलें। जांच के दौरान ट्रेन में यात्रा कर रहल एगो संदिग्ध यात्री के पहचान कइल गइल। ओकर नाम के. चंद्र शेखर दास बतावल गइल बा। ऊ ओडिशा के गंजाम जिला के निवासी हवे आ उनकर उमिर 36 साल बा।

आरपीएफ के टीम जब ओकर सामान के जांच कइलस त ओकरा लगे से करीब 1.742 किलोग्राम सोना बरामद भइल। बरामद सोना के बाजार मूल्य 2 करोड़ 54 लाख 64 हजार 556 रुपिया आकलन कइल गइल बा।

सोना के वैध कागजात ना देखावे सकल यात्री

आरपीएफ के पूछताछ आ जांच के दौरान आरोपी सोना के खरीद आ एक जगह से दोसरा जगह ले जाए से जुड़ल वैध दस्तावेज पेश ना कर सकल। एह वजह से अधिकारी लोग के शक अउरी गहरा गइल।

जांच के दौरान सोना के अलावा आरोपी के लगे से एगो मोबाइल फोन भी बरामद कइल गइल। मोबाइल फोन आ बाकी सामान के भी जांच में शामिल कइल गइल बा।

कस्टम विभाग के सौंपल गइल आरोपी

आरपीएफ के शुरुआती कार्रवाई पूरा भइला के बाद आरोपी के. चंद्र शेखर दास आ जब्त सामान के आगे के कानूनी कार्रवाई खातिर कोलकाता कस्टम विभाग के सौंप दिहल गइल।

अब कस्टम विभाग एह मामला के जांच करत बा। जांच एजेंसी ई पता लगावे में जुटल बिया कि बरामद सोना के स्रोत का बा, एकरा के के खरीदे रहे आ एकरा के कहां पहुंचावे के योजना बनल रहे।

ऑपरेशन सतर्क के तहत रेलवे में निगरानी तेज

रेलवे सुरक्षा बल के ओर से चलावल जा रहल ऑपरेशन सतर्क के मकसद रेल यात्रा के दौरान गैरकानूनी गतिविधियन पर रोक लगावल आ संदिग्ध सामान के आवाजाही पर निगरानी रखल बा।

हावड़ा स्टेशन पर भइल एह कार्रवाई से साफ बा कि रेलवे सुरक्षा बल खुफिया सूचना के आधार पर लगातार निगरानी कर रहल बा। 2.54 करोड़ रुपिया के सोना बरामद होखल एह अभियान के एगो बड़ सफलता मानल जा रहल बा।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.