[the_ad_group id="30365"]

जाड़ा में मक्खन जइसन मुलायम रही त्वचा, बस मलाई में मिलाके रात में लगाई इs चीज

चेहरा पs मलाई लगावल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

जाड़ा में लोग सबसे जादा परेशान ड्राई स्किन के समस्या से होखेला। सूखल, बेजान त्वचा ना खाली चेहरा के चमक कम करेला बालुक एकरा से बहुत समस्या भी होखेला। ड्राई स्किन वाला लोग के त्वचा पs भी झुर्री देखाई देवे लागेला। एहसे हमेशा अपना त्वचा के मॉइस्चराइज राखीं। अगर जाड़ा में त्वचा में फाटे लागे तs ओकरा खातिर मलाई के इस्तेमाल करीं। चेहरा, हाथ अवुरी गोड़ पs मलाई लगावे से आपके त्वचा मक्खन निहन मुलायम हो जाई। मलाई त्वचा के मुलायम अवुरी चमकदार बनावे में मदद करेला। ई प्राकृतिक चीज अगर मलाई में शहद मिला के एकर इस्तेमाल करीं तs अउरी कारगर होई.

जी हs, शहद अवुरी मलाई मिल के त्वचा के भीतर से पोषण अवुरी नमी देवेला। एकरा संगे जाड़ा में फाटल त्वचा ठीक हो जाला अवुरी त्वचा के सूखापन भी दूर हो जाला। मलाई लगावे से चेहरा पs तुरंत चमक आवेला अवुरी धब्बा अवुरी दाग ​​भी दूर हो जाला। रोज मलाई लगावे से रंग भी साफ होखे लागेला। आजु जानीं कि मलाई आ शहद के चेहरा पs मिला के कइसे लगावल जाला?

मलाई आ शहद मिला के लगाईं

जवना लोग के त्वचा रुखल होखेला ओ लोग के शहद के संगे मलाई मिला के लगावे के चाही. शहद के संगे मलाई मिलावे से एकर नमी अवुरी बढ़ जाला। एकरा खातिर रउरा 1 चम्मच मलाई लेके ओकरा में 1 चम्मच शहद मिलावे के पड़ी। दुनो चीज़ के बढ़िया से मिला के चेहरा पs लगा के कुछ समय ले छोड़ दीं। 20 मिनट के बाद पानी से चेहरा धो लीं। मलाई अवुरी शहद लगावे से आपके त्वचा कुछ दिन में बहुत मुलायम अवुरी चमकदार हो जाई।

चेहरा पs मलाई लगावे के फायदा

अगर आप शहद के संगे मिला के मलाई ना लगावल चाहतानी, तs आप खाली चेहरा पs मलाई लगा सकतानी। हाथ पs मलाई लेके चेहरा पs बढ़िया से लगाई। अगर रउरा चाहत बानी तs मलाई के रगड़ के आधा घंटा बाद त्वचा के गुनगुना पानी से धो लीं। एकरा संगे रात में कवनो क्रीम चाहे लोशन लगावे के जरूरत ना पड़ी।  अगर मन करे तs बिना चेहरा धोले सुत सकेनी अवुरी सबेरे पानी से चेहरा धो सकतानी।

 

सबेरे-सबेरे: एक्सरसाइज कइले बिना घटावल जा सकेला वजन, रोजो फॉलो करीं इs जबरदस्त tips

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]