[the_ad_group id="30365"]

कर्ली होखे आ स्ट्रेट, होली के रंग से अपने बाल के अइसे करी प्रोटेक्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रंग आ सुख के परब होली में अबे एक दिन बाचल बा। अइसना में लोगन के घर में तइयारी शुरू हो चुकल बा आ सभे रंग में डूबे खातिर तइयार बा। लेकिन एs दौरान महिला के सबसे जादे समस्या के सामना करे के पड़ेला काहेंकी रंग से खेले के संगे उनुका त्वचा अवुरी बाल के भी ध्यान राखे के पड़ेला। होली पs मिलेवाला रंग हानिकारक रसायन से बनल होखेला जवन कि आपके बाल के नुकसान पहुंचा सकता। एह से एकर ख्याल राखल बहुत जरूरी बा। अयीसना में जदी आपके रंग से खेलल पसंद बा लेकिन बाल के नुकसान पहुंचावे के डर से ओकरा से भागत बानी तs अब अयीसन करे के जरूरत नईखे। आज हमनी के रउआ खातिर कुछ बढ़िया टिप्स लेके आईल बानी जा, जवना के मदद से रउआ आपन बाल बचा सकेनी। जानीं बाल के देखभाल कईसे कईल जाला।

•होली खेले से पहिले एलोवेरा चाहे चमेली वाला नारियल तेल के बाल पs बढ़िया से लगाई। एकरा से आपके बाल के नुकसान से बचावे में मदद मिल सकता।

•होली खेले जाए से पहिले बाल ना खोली। बाल के बन में बनाईं भा बेनी में राखीं।

•रंग के हानिकारक रसायन से बाल के बचावे खातिर होली खेले से पहिले बाल में बढ़िया से तेल लगाई। एकरा से आपके बाल पs कवनो बुरा असर ना पड़ी। एकरा खातीर दु चम्मच बादाम के तेल में दु बूंद लैवेंडर तेल, एक बूंद गुलाब के पानी, दु-तीन बूंद नींबू के रस मिला के पेस्ट बनाई अवुरी ओकरा बाद बाल पs लगाई।

•घुंघराला बाल के आपन एगो अनोखा विशेषता बा। एकरा में प्राकृतिक रूप से चमक के भी कमी होखेला काहेंकी घुंघराला बाल के छल्ली जादा खुलल होखेला, जवना के चलते इs आसानी से टूटे लागेला। एकरा अलावे बाल जल्दी उलझ जाले। अयीसना में होली खेले जाए से पहिले बाल धो के नारियल तेल लगाई।

•अगर आपके बाल रंगीन बा तs बाल पs गुनगुना नारियल तेल लगावल मत भूलीं काहेकी रंग बाल के केमिकल के चलते पहिलही से नुकसान पहुंचल बा। एहसे होली खेले जाए से पहिले बाल के जड़ पs नारियल तेल लगाई। एहसे बाल सुरक्षित रही अवुरी एकर रंग भी फीका ना होखे पाई।

•बाल से रंग हटावे खातीर रोज बाल के हल्का शैम्पू से धो के बाल के जवन रंग बचल बा ओकरा के हटावे के चाही। एकरा बाद गुनगुना नारियल तेल लगाईं।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]