[the_ad_group id="30365"]

Namak Para Recipe: सांझ के चाय के साथे बनाई कुरकुरा ‘नमक पारा’ भा ‘नमकीन’, लइका लो भी हो जइहें खुश

नमक पारा' भा 'नमकीन : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अगर रउरा मेहमानन के स्वागत कइल चाहत बानी भा लइकन खातिर कुछ खास बनावल चाहत बानी तs नमक पारा भा नमकीन रउरा खातिर सबसे बढ़िया विकल्प हो सकेला. राउर लइका आ बड़ लोग भी ई खइला के बाद खुश हो जइहें आ बार-बार बनावे के निहोरा करीहें। हालांकि बाजार से भी मिल सकेला, बाकिर घर के जइसन स्वाद अवुरी घर के बनावल नमक पारा के कुछ अवुरी बात बा। इs सब बनावल बहुत आसान बा अवुरी इs कम समय में तैयार हो जाला। तs आईं ‘शालिनी कपूर’ से सीखल जाव कि कुरकुरा नामक पारा भा नमकीन बनावे के तरीका..

नमक पारा भा नमकीन बनावे के तरीका

सामग्री

– मैदा – 2 कप

– नमक – सुवाद भर

– तेल – 1/4 कप

– पानी – जरूरत भर

– अजवाइन – 2चम्मच भा कसूरी मेथी 2 चम्मच

 

बनावे के तरीका

1. सबसे पहिले मैदा के एगो कठवत भा कवनो बड़हन बर्तन में ले के ओहमें निमक, तेल, अजवाइन भा डालके मिला लेइं।

2. अब तनी – तनी पानी डालके करेड़ आटा सान लेइं।

3. आटा सनला के बाद उनके 10-15 मिनट खातिर ढांक के राख देइं।

4. अब तइयार आटा के फेर से एक बार तनी सान के लेइं कि बनावत घरी अरिया से ढेर फाटे के डर ना होखे।

5. अब एगो गोला बना के ओहके बेलना से मोट – भाया पतील जइसन रुचे, बेल लेइं।

6. अब एगो तेज धार चाकू से तिरछा- तिरछा काट लेइं भा कवनो छोटहन ढक्कन से काट – काट के गोल शेप दे देईं।

7. अब कराही में रिफाइन्ड तेल भा कनोला के तेल डालीं आ ठीक से गरम हो जाये त तनी- तनी करके नमकपारे के छानत जाईं।

8. सुरु में आँच मीडियम राखे के बा आ जदि मोट – मोट काटल बा त तनी देर बाद आँच मद्धिम कर देवे के बा जैसे बढ़िया से भीतर ले पाक जाए।

9. जब ललछहूँ हो जाये त कराही से निकाल लेइं।

10. ठंडा हो जाये त एयर टाइट डिब्बा में भर लेइं।

11. एकदम खस्ता नमकपारे/ नमकीन तइयार बा।

12. जदि बेसी चटख खाये के मन होखे त ऊपर से गरमे नमकीन में चाट मसाला छिरिक दिहिं।

टिप्स: कमजोर दाँत वाला लोगन खातिर बनावे घरी आधा छोट चम्मच बेकिंग पाउडर मिला लेवे से मोयन कम रहला पर भी नमकीन बढ़िया बन जाला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]